सांसद् यादवद्वारा धर्मशाला उदघाटन

वीरगंज ०८ पुस

पर्सा के सदरमुकाम वीरगंज के मुख्य सडक मे लम्हर समय से जिर्ण अवस्था मे रहल धर्मशाला के मर्मत के काम पुरा भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ११ के मुख्य सडकस्थित नुनिया टोल जिर्ण बनल शिव मन्दिर तथा धर्मशाला के पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव के संसदीय कोष के रोपेया से मर्मत सम्भारके काम पुरा भईल बा ।

मर्मत पुरा भईल धर्मशाला के सांसद् यादव आजु एगो कार्जक्रम के बीच उदघाटन कईले बानी । सांसद् यादव आपन संसदीय कोष के ६ लाख रोपेया से दु बेर मे धर्मशाला मर्मत करईला के बाद स्थानीय खुसी भईल बाडन ।

वार्ड मे होखेवाला बियाह से आउर धार्मिक आ सांस्कृतिक कामसब सहित के खातिर प्रयोग होखेवाला धर्मशाला जिर्ण भईला पर स्थानीयलोग बेसी पईसा तिर के आउर जगहा मे कार्जक्रमसब करेमे बाध्य रहलन ।

उदघाटन कार्जक्रम मे बोलत सांसद् यादव धर्मशाला निर्माण के बाद टोल मे होखेवाला छोटा छोटा धार्मिक आ पारिवारिक कार्जक्रम के खातिर स्थानीयलोग के सहज होखेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

“वार्ड के गरिव जनता महँगा रोपेया तिर के होटल आ पार्टी पैलेस मे आपन बेटा बेटी के वियाह करावे ना सकिहन,’ कहत सांसद् यादव,’ ओहिसे सभी स्थानीयलोग के सुविधा के खातिर सस्ता दर मे उपलब्ध होखेवाला धर्मशाला के जरुरत देख के अईसन मर्मत करवले बानी । धनि से गरिव सभी के आपन वैवाहिक आ धार्मिक कार्जक्रम करावे खातिर अब सहज होखी ।’

जसपा के केन्द्रीय सदस्य भी रहल सांसद् यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे स्थानीय नेता सत्यनारयण नुनिया, विनोद साह कानु, सुशील कुमार, विकास कुमार, सन्दीप महतो, युवा नेता रुपक पटेल लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।