बारा मे राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के पुतला दहन

प्रभु यादव
बारा १० पुस
जनता समाजवादी पार्टी बारा के सदरमुकाम कलैया मे राष्ट्रपति विद्या देवी भण्डारी आ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुलता दहन कईले बाडन ।
पुष ५ गते संघीय संसद विघटन कईल विरुद्ध मे जसपा के केन्द्रिय कार्यालय से निर्धारण कईल कार्जक्रम अन्तर्गत पार्टी के कार्यकर्ता आ नेता लोग श्री ३ चन्द्र मावि से निकलल जुलुस नगर परिक्रमा कर के भरत चौक मे पुग के पुतला दहन कईले रहलन ।
मधेसी के खुन चुवा के लियावल संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के नेकपा सरकार समाप्त करे के खेल मे सड्यन्त्र कर के संसद विघटन कईले बा नेता कार्यकर्ता लोग आरोप लगावले रहलन ।
पुतला दहन कार्जक्रम मे प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य पारस प्रसाद साह, संविधान सभा सदस्य प्रमोद प्रसाद गुप्ता, जसपा के केन्द्रिय नेता जितेन्द्र सिंह, केन्द्रिय सदस्य श्याम गुप्ता, शशिभुषण केसरी लगायत नेता कार्यकर्ता लोग के सहभागीता रहल रहे ।






