मानविय सेवा मे खटल तनुजा आ तुरहा सम्मानित

वीरगंज ११ पुस
मानव सेवा आश्रम वीरगंज समाज मे उत्कृष्ट काम कईल कहत अनेकन संघ संस्था तथा आदमी के सम्मान कईले बा ।
आजु मानव सेवा आश्रम मे भईल एगो विशेष कार्जक्रम मे तनुजजा श्रेष्ठ, जग्गु साह तुरहा आ सामुदायिक सेवा केन्द्र मिनाबजार सम्मानित भईल बा ।
आश्रम मे आजु भईल भव्य समारोह मे सडक किनार से सार्वजनिक स्थल मे बहुते कष्टपूर्ण जिवनयापन करेमे विवस आदमीसब के उद्धार, ईलाज, पालन पोषण एवं पारिवारिक पुनःमिलन सेवा काम मे समर्पित मानविय सेवा के सहज बनावे खातिर योगदान देहला मे सामुदायिक सेवा केन्द्र वीरगंज के ईन्चार्ज तनुजा श्रेष्ठ, सामुदायिक सेवा केन्द्र मीना बजार के उपाध्यक्ष बासुदेव सहनी आ कृषि थोक बजार विक्रेता संघ के अध्यक्ष जग्गु साह तुरहा के प्रमुख अतिथि आश्रम के अभिभावक मिनाक्षी कर्माचार्य र आश्रम के सहजकर्ता सानु मानव सेवा कदर पत्र से सम्मान कइनी ।
समाजसेवी मिनाक्षी कर्माचार्य के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव युवराज खडका, प्रदेश सदस्य जगत राई लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






