समाजिक सुरक्षा भत्ता बाँटेके माग करत जसपा बुझवलख जिराभवानी गा.पा. मे ज्ञापन

मेघराज राय
जीराभवानी १२ पुस
जसपाद्वारा पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख जितेन्द्र मिश्रा के ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
लम्हर समय से गाँवपालिका समाजिक सुरक्षा भत्ता, एकल महिला भत्ता ना बाँटल कहत जसपा के युवा नेता नेसार समानी के नेतृत्व मे गईल टोली जलदी से जलदी भत्ता बितरण करे खातिर ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
गाँवपालिका मे अध्यक्ष रामपृत महतो, उपाध्यक्ष उषा देवि थरुनी आ प्रशासकीय अधिकृत प्राण मेहता काम विशेष से बाहर रहला से शिक्षा शाखा प्रमुख जितेन्द्र मिश्रा के ज्ञापन पत्र बुझावल गईल युवा नेता समानी जानकारी देहनी ।
चाडपर्व के मध्यनजर करत पिछिलका बरीससब मे पहिलका चौमासिक के दशहरा से पहिले आ दशहरा के बाद भत्ता वितरण भईला पर भी अभी चाडपर्व बितल पहिलका चौमासिक के एक महीना बितला पर भी सामाजिक सुरक्षा भत्ता वितरण भईल नइखे ।
भत्ता वितरण ना भईला पर अभी पालिका आ वार्ड कार्यालय मे ज्येष्ठ नागरिक, एकल महिला, अपाङ्ग लगायत के आदमीसब दउड रहल एक जने वार्ड सचिव बतवनी ।
ज्ञापन बुझावल ई बिषय मे गाँवपालिका अधिकृत प्राण मेहता से बुझला पर आवेवाला हप्ता भितर मे सभी वार्डसब मे समाजिक सुरक्षा भत्ता आ एकल महिला भत्ता बाँटेके बतवले बानी ।






