रौतहट के चार गो निर्वाचन क्षेत्र मे कांग्रेस के प्रदर्शन

रौतहट १३ पुस

संसद विघटन करेवाला सरकार के कदम के विरोध मे रौतहट के चार गो निर्वाचन क्षेत्र मे नेपाली कांग्रेस विरोध प्रदर्शन कईले बा ।

रौतहट के क्षेत्र नम्बर १ के गंगा पिप्रा आ गौर, क्षेत्र नम्बर २ के राजपुर, क्षेत्र नम्बर ३ के कटहरिया आ क्षेत्र नम्बर ४ के चन्द्रनिगाहपुर मे कांग्रेस के नेता कार्यकर्तालोग प्रधानमन्त्री ओली के विरोध मे नारावाजी करत प्रदर्शन कईले बाडन ।

प्रधानमन्त्री संसद विघटन कईला के बाद रौतहट मे जसपा, नेपाली काग्रेंस आ प्रचण्ड–माधव नेपाल के समूह से विरोध मे हरेक दिन अलग अलग प्रदर्शन करत आईल बाडन ।

संसद विघटन के विरोध मे सोमार के दिने कांग्रेस देशभर विरोध के कार्जक्रम कईले बा । रौतहट मे भईल विरोध कार्जक्रम मे कांग्रेस नेता– कार्यकर्ता प्रधानमन्त्री ओली के कदम के विरोध करत संसद पुनःस्थापना के माग कईले बाडन । उलोग राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के विरोध मे कडा नारावाजी कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।