पर्सा के जिराभवानी मे आगलागी, ५० हजार बराबर के सामान जरके नोक्सान

मेघराज राय
जिराभवानी २७ पुस
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं १ शान्तिटोल मे बितल रात आगलागी भईल बा । स्थानीय रामा पासवान के भईस के गोठ मे रात के करिब १ः०० बजे आगलागी भईल बा ।
आगलागी मे एगो भईसी एक गो पाडी जरके घायल भईल बा । आगलागी कईसे भईल केहु के जानकारी ना रहल स्थानीयलोग बतवले बाडन ।
आगलागी से खर के गोठ पूर्ण रुपसे जरके नोक्सान भईल बा । आगलागी से करिब पचास हजार मूल्य बराबर के सरसामान जरके नोक्सान भईल अनुमान कईल स्थानिय जनप्रतिनिधि सोमनाथ सापकोटा जानकारी देहनी ।






