मन्त्री पोखरेल के कलैया मे करिया झण्डा देखा के स्वागत आ बिदाई भईल

प्रभु यादव

बारा २७ पुस

उपप्रधानमन्त्री तथा रक्षा मन्त्री इश्वर पोखरेल के कलैया मे अवत बेर करिया झण्डा से स्वागत आ जात बेरा विदाई कईले बाडन ।

नेकपा ओली समूह के जिल्ला भेला के सम्बोधन करे कलैया मे अईल समय मे देवकोटा चौक पर नेकपा प्रचण्ड आ नेपाल समूह के अनेरास्ववियु के विद्यार्थी सब करिया झण्डा देखा के स्वागत कईले रहलन ।

करिया झण्डा देखावे वाला मे से अनेरास्ववियु के केन्द्रीय सदस्य दिनेश यादव के प्रहरी पकड के आपना हिरासत मे राखले रहे ।

कार्जक्रम के सम्बोधन कर के जारहल बेरा मे नेविसंघ बारा के तदर्थ समिति बारा के अध्यक्ष नेजामुदिन अंसारी आ सागर पटेल उपप्रधानमन्त्री पोख्रेल के करिया झण्डा देखा के विदाई कईले रहलन ।

देवकोटा चौक पर करिया झण्डा देखावे के समय मे सुबह सेही खटल प्रहरी पकडले रहल ।

पकडाईल लोग के प्रहरी कार्यालय बारा सझिया के ५ बजे के समय मे छोडदेहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।