रौतहट २ ‘ख’ के प्रदेश सदस्य यादव मुस्लिम समुदाय के खातिर ५५ लाख के योजना लियवनी

मेवालाल यादव

रौतहट २८ पुस

रौतहट क्षेत्र नम्बर २ ‘ख’ के प्रदेश सभा सदस्य एवं जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के केन्द्रिय सदस्य रामकिशोर उर्फ किशोरी यादव परोहा नगरपालिका वार्ड नम्बर १ जिगडवा टोल मे रहल मुस्लिम धर्मावलम्बीलोग के धर्मशास्त्र अनुसार के कबरिसतान के कमपाउण्ड बाल आ मेन गेट, मदर्साका डेक्स, बेम्च मर्मत सम्भार के खातिर ५५ लाख के योजना लियाईल बानी ।

प्रदेश सभा सदस्य यादव निर्वाचन क्षेत्र मे अईसन कार्जक्रमसब के विशेष प्राथमिकता मे राखके आम जनता बीच एक आपसी भाइचारा बनावेके उदेश्य से हिन्दु मुस्लिम धर्म उपर हमनी के मितव्ययी ध्यान रहल उ बतवनी ।

एक कार्जक्रम वीच उ योजना आपन संसदीय कोष से रकम बिनियोजन कईल बतवले बानी । खास करके मुस्लिम समुदाय के लईकालइकी के शिक्षा ना मिलला से बाध्य होके विदेश जाएके बाध्यता मे पुगल बाडन, आधुनिक धर्म गुरु आ मोकतम ना भईला से शिक्षा उपर उत्प्रेरित ना रहल बतवनी ।

कबरिस्तान के कम्पाउण्ड बाल सहित गेट निर्माण काम ५० लाख आ मदरसा मे बेन्च डेक्स बनावे खातिर ५ लाख अनुमानि रकम बिनियोजन कईल नेता यादव बतवले बानी ।

उ काम समय मे पुरा होखेके विश्वास के साथ वार्ड नम्बर १ आ २ के मुस्लिम समुदाय के अगुवालोग सराहना कईले बाडन आ साथे अईसन काम आवेवाला दिन मे भी करत रहे खातिर निहोरा भी कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।