बडका पिपरा मे रास्ता मे हि निर्माण सामान तथा सवारी साधनसब राखला से वार्डवासीलोग के समस्या

वीरगंज ०३ माघ
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ बडका पिपरा मे स्थानियलोग रास्ता मे हि निर्माण सामान आ सवारी साधन राखला से आउर सवारीसाधनसब आवत जावत मे समस्या भईल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
घर निर्माण के खातिर जरुरी निर्माण सामानसब रास्ता मे हि लम्हर समय तक राखला पर सर्वसाधारणलोग के समस्या हो रहल बा ।
रास्ता मे निर्माण सामान राखला पर सवारी साधनसब के आवे जाए के रास्ता छोड के वार्ड कार्यालय, महानगरपालिका भा सम्बन्धित निकाय से स्विकृति लेके मात्र राखेके चाहिं ।
माकिर बडका पिपरा मे बितल एक हप्ता से रास्ता मे बिना स्विकृति निर्माण सामान राखला पर भी ना त वार्ड कार्यालय, ना त नगरपालिका हि वास्ता कईल वार्डवासीलोग बतवले बाडन ।
रात के समय मे जरुरी एम्बुलेन्स भा बारुण यन्त्र लेजाएके पडला पर सहजे आवे जाएके अवस्था ना रहल स्थानिय युवा समाजसेवी बिनेश पटेल बतवनी ।
रास्ता मे निमार्ण सामान राखला पर दुर्घटना के सम्भावना भी ओतने रहल बा माकिर ओकरा से हटावे खातिर सम्बन्धित निकाय के जानकारी करईला पर कउनो भी निकाय ध्यान ना देहल सिकाईत पटेल कईले बानी ।
१५ फिट के रास्ता मे करिब १० फिट तक बालुवा, गिटी, छड राखल गईला से एगो अटो भा ई–रिक्सा भी आवे जाएमे समस्या हो रहल स्थानिय जायेद हुसैन सिकाईत कईले बानी । घर बनावेवाला आदमी के रास्ता मे सामान बेसी समय तक ना राखेके कहला पर अटेरी करके ना हटावल सिकाईत स्थानियवासी के रहल बा ।
एहितरे रास्ता मे टेम्पु, टयाक्टर लगायत के सवारीसाधनसब भी राखल जा रहल बा । अईसन सवारी साधनसब हटावे खातिर बारम्बार निहोरा कईला पर भी अटेरी कर रहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
ई सम्बन्ध मे वार्ड कार्यालय, महानगरपालिका, ट्राफिक पुलीस के समय मे हि ध्यान पुगल जरुरी देखल गईल बा ।
ना त कउनो भी समय अप्रिय घटना होखे सकेके भईला से वार्डवासीलोग चिन्तित बनल बाडन ।





