जिराभवानी मे १४ कठ्ठा मे रोपल गाँजा पुलीस कटलख

मेघराज राय

जीराभवानी ०५ माघ

पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका आ जिराभवानी गाँवपालिका मे अबैध रुप मे रोपल गईल १४ कठा गाजा खेती पुलीस आजु काट के नोक्सान कईले बा ।

पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नम्बर चार मे आठ कठा आ जीराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नम्बर ५ शंकर सरैया मे ३ कठा ११ धुर मे रोपल गईल गाजा खेती पुलीस काटला के साथे गाजा मे आगी लगाके नोक्सान कईल ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा जानकारी देहनी ।

खानी खोला तथा सुर्ती आ भन्टा खेत मे चोरा लुका के रोपल गईल लागू औसध गाँजा १४ कठा ३ धुर पुलीस कटले बा ।

इलाका प्रहरी कर्यालय पटेर्वा सुगौली, इलाका प्रहरी कर्यालय एकटाङ्गा, इलाका प्रहरी कर्यालय सेढवा, प्रहरी चौकी महादेवपटी लगायत के संयुक्त पुलीस के टोली उ गाजा फडानी करके स्थानिय जनप्रतिनिधि भद्रभलादमी आ सञ्चारकर्मी के रोहबोर मे फडानी कईल गाजा नस्ट कईल इप्रका पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरिक्षक रामकाजी थापा जानकारी देहनी ।

कटान कईल गाजा केकर ह कहके बारेमे आउर अनुशन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कर्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।