वीरगंज मे चिकित्सक के खातिर ‘ई–लाइब्रेरी’ सञ्चालन

वीरगंज १२ माघ
वीरगंज से पीजी तथा एमडी के तईयारी कर रहल चिकित्सकलोग अध्ययन के खातिर रुम भाडा मे अब ना लेवेके पडि । नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाखा विद्युतीय पुस्तकालय (ई–लाइब्रेरी) तथा स्टडी रुम सञ्चालन मे लिअईला के बाद उलोग के रुम भाडा मे ना लेवेके पडि ।
शाखा कार्यालय भवन के उपरला तला मे ई–लाइब्रेरी तथा स्टडी रुम सञ्चालन मे लिआईल बा । जुनियर डाक्टरलोग के खातिर नेपाल मे पहिलका बेर नारायणी शाखा ई–लाइब्रेरी तथा स्टडी रुम स्थापना कईल दाबी वीरगंज के चिकित्सकलोग कईले बाडन ।
शाखा अध्यक्ष डा. अरुणकुमार सिंह चुनाव के समय मे कईल बाचा मुताविक हि ई–लाइब्रेरी स्थापना कईल बतवनी । ‘पीजी, एमडी लगायत के तईयारी करे खातिर चिकित्सकलोग के समय आ रोपेया दुनु खर्च करेके पडि,’ कहत उ, ‘ई–लाइब्रेरी तथा स्टडी रुम ओईसन चिकित्सकलोग के सुविधा के खातिर स्थापना कईल बा । अब समय आ पईसा दुनु बचत होखी ।’
२ लाख रोपेया के लागत मे ई–लाइब्रेरी तथा स्टडी रुम बनावल गईल नेपाल चिकित्सक नारायणी शाखा के सचिव डा. उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी । उ डिजिटल पुस्तकालय आ स्टडी रुम के आउर सुविधासम्पन्न बनावत लेजाए के योजना रहल बतवनी ।
‘जुनियर चिकित्सकलोग के रुम भाडा मे लेके स्टडी रुम मे पढेके बाध्यता के अन्त्य भईल बा,’ कहत उ, ‘स्टडी रुम मे एसी लगावे के, सम्बन्धित विषय के बुक तथा जर्नलसब के व्यवस्था करत जाईल जाई । जरुरी आउर सेवासब थप कईल जाई ।’
शाखा के सदस्य निःशुल्क लाइब्रेरी के सुविधा उपयोग करे मिलेके माकिर आउर लोग से तोकल शुल्क तिरेके संघ जनवले बा ।
अध्ययन के खातिर इ–लाइब्रेरी आ स्टडी रुम एकदमे प्रभावकारी होखेके नारायणी अस्पताल के आईसीयू विभाग मे कार्यरत डाक्टर कृष्ण अधिकारी बतवनी ।
‘मासिक २ हजार रोपेया तिर के तइयारी करेके बाध्यता रहे । ई–लाइब्रेरी तथा स्टडी रुम स्थापना के बाद समय आ पईसा दुनु के बचत भईल बा ।’
तत्काल १८ जने जेतना जुनियर डाक्टरलोग से सुविधा उपयोग करेके अनुमान संघ के बा । नारायणी के आईसीयू मे कार्यरत डाक्टर राजकुमार सिंह ई–लाइब्रेरी खुदसब के अध्ययन के खातिर वरदान होखेके बतवनी ।
‘अस्पताल मे ड्युटी करेके हि पडि, परिवारिक तनाव सँगे पढाइ के अगाडि बढावेके पडि,’ कहत उ, ‘पुस्ताकालय मे शान्त वातावरण मे रहके पढेके मिली । ना जानल बात नेपाल चिकित्सक संघ के सिनियर चिकित्सकलोग से पुछल जा सकता ।
पुस्तकालय हमनी के अध्ययन के खातिर वरदान सावित होखेके विश्वास बा ।’ कार्जक्रम मे महावाणिज्यदूत नितेश कुमार, डा. दिलीप चौरसिया, डा शाश्वत प्रसाद, डा नौसाद हक, डा फाहाद आलम, डा गोरखनाथ मिश्र, डा रामकिशोर सिंह, डा कुशराज गिरी, डा मनोज गुप्ता लगायत के चिकित्सकलोग के सहभागिता रहल रहे ।






