काशीनाथ तिवारी के हत्यारा जलदी जेल जईहें : पूर्व डीआईजी खरेल

मेवालाल यादव

रौतहट १४ माघ,

नेपाल सुशासन अभियान के संयोजक एवं नेपाल प्रहरी के पूर्व प्रहरी नायव महानिरीक्षक रमेश खरेल नेपाल मे कानून गरीव उपर मात्र लागु हो रहल बतवले बानी ।

नेपाल मे सुशासन कायम होखेके आ भ्रस्टाचार के अन्त्य करेके लक्ष्य के साथ सञ्चालन कईल नेपाल सुशासन अभियान के शुभारम्भ करे खातिर रौतहट के मौलापुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ सोनरनिया मे आयोजना कईल सभा मे सम्वोधन करत खरेल देश के साशन चलावेके जगहा मे अपराधीलोग पुगला से देश मे दण्डहीनता, अनियमितता, अपरÞाध, भ्रस्टचार के बृद्धि भईल दाबी कइनी ।

रौतहट के मौलापुर नगरपालिका के जनता पीडि़त शोषित भईला से मौलापुर से हि आपन अभियान के शुभारम्भ कईल घोषणा करत नेपाल माई के कसम भ्रस्टाचारी, अपराधीलोग के जेल पठावेके बतवनी ।

३ करोड़ जनता के धोखा देवेवालालोग राज्य सत्ता मे पुग के निमुख्खा जनता उपर दमन शोषण करत अईला से ओईसन अत्याचारी, अन्यायी, कुशाशक के देश से समाप्त करेके संकल्प लेके अगाडि बढल बतावत सुशासन कायम करे खातिर सहजोग ला निहोरा कइनी ।

पूर्व डीआईजी खरेल नेपाल मे बडका के चैन आ गरीव के ऐन बा । नेपाली जनता उपर अन्याय भईल जिकिर करत सत्ता मे बईठल कुशासक के कÞानूनी दायरा मे लियाके छोडेके बतवनी । मधेश तराई हिमाल पहाड़ के नागरिकलोग मुह देखके बईठल बाडन कहत अपराधीलोग सशासन करेवाला जगहा मे बईठला के चलते कÞानूनी राज्य नेपाल मे ना भईल जिकिर कइनी ।

संतानलोग अपराधी, तस्कर, लुटेरा, भ्रस्टाचारी के विरुद्ध आवाज ना उठईला पर उलोग सरापेके बतवनी । राजा के शासन, कांग्रेस, कम्युनिस्ट आ फोरम के शासन देखके उल्लेख करत कउनो भी शासन के मौका मिलके लुटेके काम मात्र कईला से अब शान्ति पूर्वक आवाज उठावेके बात मे जोड देहनी ।

देश मे लुट के रहेवालालोग के कÞानूनी दायरा मे लियावे खातिर नेपाली नागरिक के उठेके समय भईला से चुप ना रहे खातिर निहोरा कइनी । नेपाल माई के कसम अपराधी, लुटेरा, भ्रस्टाचारी के जेल पुगावेके विश्वास दिलावत खरेल अव नेतालोग के प्रलोभन मे ना फँसे खातिर आपन प्रतिनिधि स्वच्छ चुने खातिर सुझाव देहनी ।

देश के अवस्था कÞानूनी राज्य ना भईल उदंडता के नमूना भईल बतवनी । प्रतिनिधि सभा के विघटन व्यक्तिगत स्वार्थ के उपज रहल उदहारण प्रस्तुत कइनी । आपन घर के झगड़ा के विषय लेके कईल सांसद विघटन के काम असंवैधानिक भईला से न्यायपालिका से सांसद पुनर्स्थापना होखेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

पर्सा जिल्ला मे पुलीस उपरीक्षक भईल समय बहुते चर्चा कमाईल खरेल हिन्दूबादी काशीनाथ तिवारी हत्या काण्ड के अपराधी जेल जाएके भी ठोकूवा कइनी । अपराधीलोग के संरक्षण करेके काम उ समय कईला से समय आके सत्ता मे रहल उ कारागार निश्चित रुप मे पुगेके उनकर विस्वास रहल बा ।

रौतहट निर्वाचन क्षेत्र नम्बर ३ के निवर्तमान सांसद प्रभु साह उपर लक्षित करत खरेल तिवारी हत्याकांड के पुनार्वृति होखी आ जेल जइहें । सत्ता मे रहललोग देश के हित मे काम ना करके देश के बर्बाद करेके पक्ष मे लागल आरोप भी लगवनी ।

सुशासन कायम करेके अभियान मे लागल खरेल सहित के अभियानीलोग के स्थानिय संचारकर्मी रामचन्द्र यादव दोसल्ला तथा मधेश के शान के रुप मे रहल गमछा ओढाके सम्मान कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।