वीरगंज–२५ के वार्ड अध्यक्ष पटेल आ सदस्य बेजन्ती के चलते स्थानिय व्यपारी पिडित

वीरगंज ०३ चईत,
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २५ के एक जने वार्ड सदस्य के चलते स्थानियलोग पिडित बनल बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २५ ड्राईपोर्ट चौक हनुमान मन्दिर के बगल मे रहल गुठी के जमिन मे रहल दोकानसब से वार्ड सदस्य बेजन्ती माला आ उनकर मरद भिखर चौधरी जबरजस्ती पईसा असुल रहल स्थानिय दोकानदारलोग सिकाईत कईले बाडन ।
वार्ड नं. २५ के वार्ड अध्यक्ष बिसराज पटेल के मिलीभगत मे उ गुठी के जमिन मे रहल दोकानसब से महिना के ५ हजार से लेके १० हजार तक जबरजस्ती धाधली करके पईसा उठावत आईल स्थानिय शिव चौधरी आरोप लगवले बानी ।
ई विषय मे स्थानिय दोकानदारलोग बितल महिना हि वार्ड सदस्य बेजन्ती माला आ उनकर मरद भिखर चौधरी अत्याचार कर रहल आ गुठी के जमिन मे रहल दोकान से पईसा ना उठावे खातिर वार्ड कार्यालय मे निवेदन दर्ता करवले रहलन । माकिर वार्ड अध्यक्ष खुदे उ पईसा मे से आपन बखरा लेत अईला से अभी तक कउनो कारवाही ना भईल स्थानियबासी के आरोप रहल बा ।
गुठी के जमिन के कउनो भी ठेक्का ना लागला से कानुनी हिसाब से केहु के भी पईसा उठावे के ना भिली माकिर वार्ड सदस्य बेजन्ती आ वार्ड अध्यक्ष आपन पद के दुरुपयोग करत पईसा असुल रहल जनावल गईल बा । ई विषय मे वार्ड अध्यक्ष पटेल से जानकारी लेहला पर उ गुठी के जमिन उपर भिखर चौधरी अदालत मे मुद्दा कईला से उ विषय मे कुछो ना बोलेके बतवनी ।





