परवानीपुर मे मधेशी सहिद मेला पुरा

प्रभु यादव
बारा १७ माघ
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नम्वर ५ बहुअरी मे मधेशी सहिद मेला कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
मधेश आ मधेशी के मुद्दा के जिवन्त राखे खातिर समर्पित होके आपन जान के कुर्वानी देहल मधेशी शहिद प्रति मधेश जनविद्रोह समिति से मधेशी सहिद मेला के आयोजना कईले बा ।
मधेशी जनविद्रोह समिति के केन्द्रीय सदस्य अजय पटेल के सभापतित्व मे भईल मेला मे मधेश आन्दोलन के चर्चित गायक लालबाबु पटेल आ धुरेन्द्र सहनी मेला मे आईल लोग के गित संगित सुना के मनोरंजन करावले रहनी ।
नेता लोग आपन ईमान बेच देहलख, का पइब भईया अधिकार ना कवनो पार्टी के झण्डा उठईह जईसन सहिद लोग के विडवना मे गित गाके मेला मे आईल लोग के मनोरंजन करावले रहलन ।
मेला मे मधेश जनविद्रोह समिति के लोग वीर सहिद अमर रही, अधिकार के खातिर जनविद्रोह जारी रही नारा लगावले रहे ।
पर्सा जिल्ला मे मधेश के जनआन्दोलन मे घायल भईल मन्सी पटेल के लताकपडा आ चामल सहित के समान देहत समान पत्र देहले रहे ।
जनता के बलिदानी दलाली मे ना जनता के अधिकार जनता मे चाहिँ कहत मेला के हरेक साल लगावल जाला केन्द्रीय सदस्य पटेल जनकारी करावले बानी ।






