मधेस स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे पदाधिकारी नियुक्त

जनकपुरधाम १८ माघ
प्रदेश २ सरकार से स्थापना कईल मधेस स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के उपकुलपति मे डा. रामकेवल साह नियुक्त भईल बाडन । एहितरे रजिष्टार मे डा. विनोद यादव आ रेक्टर मे डा. अंकुर साह नियुक्त भईल बाडन ।
एतवार के दिने उलोग के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत नियुक्ति पत्र हस्तान्तरण कईले बाडन । उ अवसर मे मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश के गौरब के योजना के रुप मे रहल प्रतिष्ठान के पदाधिकारी नियुक्ति गौरव के बात भईल बतवले बाडन ।
नवनियुक्त पदाधिकारी के खातिर अवसर आ चुनौती दुनु रहल उल्लेख करत उ इहे बरीस से प्रतिष्ठान मे शैक्षिक कार्जक्रमसब सञ्चालन होखेके भी जानकारी देहलन ।
प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर के आधार मान के प्रदेश सरकार मधेश स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के स्थापना कईले बा ।






