बर्दिबास मे पुलीस बल प्रयोग करके खोललख पूर्वपश्चिम राजमार्ग

महोत्तरी २२ माघ

पूर्वपश्चिम राजमार्ग अन्तर्गत महोत्तरी के बर्दिबास सडकखण्ड पुलीस बल प्रयोग करके खोलले बा । महोत्तरी के बर्दिबासस्थित मुख्य चोक मे सबेरे से प्रदर्शन कर रहल नेकपा प्रचण्ड–माधव समूह के कार्यकर्ता के पुलीस बल प्रयोग करके राजमार्ग आशिंक रुप मे खोलले बा ।

राजमार्ग मे धर्ना बईठल प्रदर्शनकारी के पुलीस बल प्रयोग करके हटवले रहे । प्रदर्शन के समय मे पुलीस आ प्रदर्शनकारी बीच झडप भी भईल रहे । सबेरे से प्रचण्ड–माधव समूह के कार्यकर्तालोग पूर्वपश्चिम राजमार्ग अन्तर्गत महोत्तरी के बर्दिबास मे राजमार्ग बन्द कईला के साथे प्रदर्शन भी कईले रहलन ।

पुलीस स्कटिङ करके गन्तव्य ओरी सवारीसाधन के पठवले रहलन । प्रदर्शाकारीलोग राजमार्ग मे बईठके नाराबाजी कईले रहलन ।

पुलीस आ प्रदर्शनकारीबीच भईल झड्प मे प्रचण्ड–माधव समूह के शंकर महतो, बर्दिबास नगरपालिका वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष चुडामणी पोखरेल, वार्ड सदस्य निरज अधिकारी, वार्ड नम्बर ३ के वार्ड अध्यक्ष राजन ढुङ्गाना लगायत घायल भईल बाडन । उलोग के हाथ, गोड आ मुडि मे चोट लागल बा । वार्ड नम्बर ३ के अध्यक्ष ढुङ्गाना के मुडि फुटल बा ।

बर्दिबास बन्द करावे ना मिली कहत राजाबादी समर्थन आ केपी समूह के कार्यकर्तालोग नाराबाजी करत बन्द सडक खुलावे खातिर पुलीस के दबाब देत प्रदर्शन कईले रहलन ।

प्रचण्ड–माधव समूह से आह्वान कईल आमहड्ताल के प्रभाव महोत्तरी मे भी पडल बा । आमहड्ताल के चलते ई क्षेत्र के बजार, कलकरखाना, शैक्षिक संस्थासब सबेरे से बन्द रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।