स्वर्णकार हत्या प्रकरण : सुटर सिंह के बारा पुलीस गोली मारके पकडलख
स्वर्णकार हत्या प्रकरण : सुटर सिंह के बारा पुलीस गोली मारके पकडलख
बारा १० पुस
नेपाल पुलीस के खोजी सूची मे रहल भारतीय नागरिक सुजित सिंह के बारा पुलीस गोली मारके मंगर के सँझिया पकडले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका–६ मे रहल बाल एकता माध्यमिक विद्यालय बोर्डिङ स्कुल के सञ्चालक तथा प्रिन्सिपल रुपेश स्वर्णकार के हत्या आरोपी सिंह के सीमावर्ती विश्रामपुर गाँवपालिका क्षेत्र से गोली मारके नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने बतवनी ।
भारत विहार राज्य के तीनकोनी गाँव के ३५ बरीस के सिंह के दुनु गोड मे गोली लागके घायल भईला से प्रादेशिक अस्पताल कलैया मे ईलाज हो रहल जनावल गईल बा ।
सिंह रूपेश लगायत दोसर युवक के हत्या मे सुटर के काम कईल पुलीस के दाबी बा । नियन्त्रण मे लेवेके खोजला पर भागे लागला के बाद गोली मारल पुलीस जनवले बा ।
पुलीस सिंह के साथ मे रहल बन्दुक आ ओमे लागेवाला गोली भी बरामद कईल जनावल गईल बा । सिंह हथियारसहित नेपाल प्रवेश कईल सूचना के बाद खटल पुलीस टोली नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी अधिकारी के कहनाम बा ।
रूपेश के हत्या आरोपित एकरा से पहिले एक जनानी सहित पाँच जने के पकडले रहे । उलोग उपर संगठित अपराध मुद्दा चलाके पुलीस हिरासत मे राखल बा ।
बितल कातिक १३ गते सोमार के दिने पौने १ बजे ओरी स्वर्णकार के कलैया के मदर्सा टोल मे गोली मारके हत्या कईल रहे ।