संविधान के विरुद्ध काम कईला से राज्य मे अस्तव्यस्थता आईल : पुर्व अर्थ मन्त्री महत

प्रभु यादव
बारा २४ माघ
नेपाल ईन्डो होस्पिटल टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल के उदघाटन पुर्ब अर्थमन्त्रि रामशरण महत ब्याटिङ्ग आ पुर्ब साँसद लालबाबु सिंह बवलिङ्ग कर के संयुक्त रुपमे उदघाटन कईले बानी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पुर्व अर्थमन्त्री महत राजनीति मे बिधि के शासन तुर के संविधान मे गलती कर के राज्य मे अस्तव्यस्त कर देहल आरोप लगावले रहनी । संविधान मे लगती लिया के अशान्ति देश बनावेके खोजल प्रमुख अतिथी मन्त्री महत आरोप लगावले रहनी । संविधान के उलटा लोकतन्त्र के धराप मे पारेके काम कईल गईल आरोप पूर्व मन्त्री महत लगावनी ।
एक सय बरीस पहिले खेलकुद राणा सब आपन परिवार मे ही खेलत रहल जब से लोकतन्त्र आईल खेल आम जनता मे खेले के मिलला से खेल के विकास के काम अगाडि बढल मन्त्री महत जनकारी देहनी । क्रिकेट खेल पहिले से विदेश मे खेलल जात रहल अब नेपाल के युवा लोग खेले मे अगाडि बढ रहल बा ओकरा के प्रोहत्साहन करे के जोड देत मित्र राष्ट्र भारत से खेल मे बहुते सिखे के मन्त्री महत बतावनी ।
भारत से नेपाल के राजनीति, धार्मिक, सास्कृतीक मेल भईला से परस्पर सम्बन्ध रहल महत जनकारी करावले रहनी । खेल जगत मे आकर्षण भईल युवा लोग के सहजोग कर के नाम कमावत देश के चिनावे मे पहचान बनावे मे अगरसर रहेला महत सुझाव देहनी ।
टि–२० क्रिकेट टुर्नामेट खेल के उदघाटन मे नेपाल ईन्डो होस्पिटल के निर्देशक चन्द्र शेखर, राष्ट्रिय बाणिज्य बैंक प्रादेशिक शाखा के निमित प्रमुख मसिङ्ग यादव, नेपाली कांग्रेस के महिला नेत्री नरायणी रायमाझी, पुर्व साँसद लालबाबु सिंह लगायत के लोग आपन–आपन बात राखत खेल कुद से पहचान बनावे खातिर अगाडि रहल जनकारी करावले रहे ।
कार्जक्रम मे पुर्ब साँसद राजेन्द्र बहादुर अमात्य, संविधान सभा सदस्य रामअयोध्या यादव, बिश्रामपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष अमिरीलाल पाल, प्रसौनि गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला गुप्ता लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
११ स्टार क्रिकेट क्लव प्रसौनी बारा के आयोजना आ नेपाल ईन्डो हस्पिटल अउरी राष्ट्रिय बाणिज्य बैक प्रदेशिक कार्यालय विरंगज के सहयोग मे खेल होरहल जवना के उदघाटन सत्र आयोजक संस्था के अध्यक्ष अतिन्द्र राउत के सभापतित्व मे सम्पन्न कार्जक्रम के सँचालन त्रिपुरारी राउत कईले रहलन ।





