जनमत राजदेवी नगरपालिका समिति रौतहट के वार्ड अधिवेशन पुरा

मेवालाल यादव

रौतहट २५ माघ

जनमत पार्टी अधिवेशन तईयारी समिति रौतहटद्वारा तोकल गईल अधिवेशन पर्यवेक्षक रविभुषण यादव के अध्यक्षता मे राजदेवी नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ प्रथम वार्ड अधिवेशन पुरा भईल बा ।

अधिवेशन उदघाटन करत प्रमुख अतिथि जनमत पार्टी के वरिष्ठ नेतृत्व मण्डल के केन्द्रीय संयोजक तथा जपा जिल्ला अध्यक्ष अशोक कुमार सिंह, विशिष्ट अतिथि मधेश नेतृत्व पुञ्ज के केन्द्रीय संयोजक ललित मल्लिक शानु, जिल्ला इन्चार्ज विनय कुमार वर्मा, जिल्ला सचिव एवं क्रान्तिकारी युवा नेता बिकास कुमार यादव, जिल्ला सदस्य धर्मेन्द्र महतो, जिल्ला सदस्य रामपुकार साह, क्षेत्रीय अध्यक्ष राजकुमार साह, क्षेत्रीय सदस्य शिवसरन यादव, युवा प्रतिनिधि तथा राजदेवी नपा वार्ड नं ७ के वार्ड कोषाध्यक्ष अरूण यादव, वार्ड सचिव अमरेन्द्र कुमार साह लगायत के नेता लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

क्रान्तिकारी युवा नेता बिकास कुमार यादव नगरवासी के खातिर एम्बुलेन्स नइखे माकिर छोटे राजालोग हमनी से तिरल कर से पचास लाख के गाडी मे रजाईं करत बाडन कहके जनता राज लियावेके विकल्प ना रहल बतवनी ।

विशिष्ट अतिथि ललित मल्लिक शानू राजदेवी नगरपालिका के खातिर बागमती नदी अभिशाप ना नेतृत्वकर्तालोग के बहाना ह ।

ईलोग सँगे रिभर साइड फार्मिङ आ रिभर साइड टुरिजम के कउनो भी भिजन ना होके राजदेवी नगरपालिका के ई दुरदशा भईल बतावत इटली, मालदिभ्स आ बंगलादेश के कैयन उदाहरणसब देत नदी अभिशाप ना होके अवसर रहल बतवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।