स्रोत ना खुले सकल ४९ लाख सहित दु जने भारतीय पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २५ माघ

बारा के फेटा गाँवपालिका वार्ड नम्वर ५ जोतपुर से शनिचर के दिन स्रोत ना खुलल ४९ लाख नेपाली रोपेया सहित दु जने भारतीय नागरिक पकडाईल बाडन ।

अस्थायी प्रहरी पोष्ट जोतपुर से खटल प्रहरी गस्ती दसजगा के क्षेत्र नजदिके के सडक से भारत से नेपाल ओर वि आर ०५ वाई ६४१७ नम्वर के प्लाटिना मोटरसाईकल मे दु जने आरहला मे शंका लागला पर चेक जाँच कईला पर पकडाईल प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडाईल भारत के विहार मोतिहारी जिल्ला हरपुर थाना हरपुर पंचायत वार्ड नम्वर १० घोडासहन के २६ बरीस के अरविन्द महतो आ १४ बरीस के लईका रहल पत्रकार समेल्लन कर के प्रहरी जनकारी करावले बा ।

पकडाईल महतो एक हजार के एक हजार नव सय २३ थान पाँच सय के पाँच हजार सात सय चार के, एक सय के एक हजार दु सय आ ५० रोपेया के एक सय थान के गडी रोपेया रानी लिखल सुती के कपडा के झोरा सहित ४९ लाख रोपेया पकडाईल गौतम जनकारी करावले बानी ।

पत्रकार समेल्लन मे प्रहरी उपरिक्षक दिपेन्द्र शाही भारत के सिमाना मे लागू औषघ के कारोवार बढल जनकारी आईला से विशेष निगरानी राखे के कहल गईला के बाद चेकजाँच करे के क्रम मे स्रोत ना खुलल रोपेया मिलल जनकारी करावले रहनी ।

माघ १ गते से अभि तक एक जने आदमी सहित लागू औषध डाईजे पाम दु सय ९६ पिस, नुर्फिङ् दु सय ९४, फेनार्गमन दु सय ९८, नाईट्रोभेट पाँच सय ७६पिस, ४९ लाख १३ हजार चार सय ४४ के माल समान, कैद जरिवाना के खातिर पकडाई ६ जने चालू मुद्दा मे पकडाईल पाँच जने, २४ गो भट्टी तयारी पदार्थ आठ सय लिटर कच्चापदार्थ सात हजार दु सय ५० लिटर रहल प्रहरी उपरिक्षक बतावले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।