रतनपुर जसौली में कांग्रेस के लहर, एमाले जिला सदस्य कारी महत्तो सपरिवार पार्टी में शामिल

रतनपुर जसौली में कांग्रेस के लहर, एमाले जिला सदस्य कारी महत्तो सपरिवार पार्टी में शामिल

वीरगंज, ९ फागुन

पर्सा क्षेत्र नम्बर २ से नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार अजयकुमार चौरसिया के समर्थन में नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (एमाले) के जिला सदस्य समेत कई नेता कांग्रेस में शामिल हो गइल बाड़ें।

शनिवार बिहान वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २९ रतनपुर जसौली में चौरसिया के घरदैलो कार्यक्रम के दौरान एमाले जिला सदस्य कारी महत्तो आ वार्ड सदस्य जनक महत्तो सपरिवार कांग्रेस में प्रवेश कइलन। ई जानकारी कांग्रेस के क्षेत्रीय सभापति महमद साहबुदिन देलन। नवप्रवेशी नेता लोग के उम्मीदवार चौरसिया फूलमाला पहिरा के पार्टी में स्वागत कइलन।

एह मौका पर क्षेत्रीय सचिव रन्जित कुमार पटेल बतवलन कि घरदैलो कार्यक्रम के दौरान चौरसिया मतदाता लोग के घर-घर जा के सीधा संवाद कइलन आ स्थानीय समस्या के बारे में जानकारी लेलन। ऊ विकास, रोज़गार, शिक्षा, स्वास्थ्य आ आधारभूत सुविधा के मुद्दा पर विशेष जोर देत समर्थन मांगत रहलन।

रतनपुर जसौली में कांग्रेस के बढ़त सक्रियता से चुनावी माहौल गरमा गइल बा। अलग-अलग दल से नेता आ कार्यकर्ता कांग्रेस में शामिल होखे से पर्सा–२ में राजनीतिक समीकरण बदलत नजर आवत बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।