वीरगंज मे पहिलका बेर फागुन १ गते बृहत स्वास्थ्य शिविर होखी

वीरगंज २७ माघ,
दिप हेल्थ क्लिनिक आ जय नेपाल प्याथोलोजी सेन्टर, घडिअर्वा पोखरा परिवार के आयोजना मे वीरगंज मे बृहत स्वास्थ्य शिविर आयोजना होखे लागल बा ।
इहे फागुन १ गते शनिचर के दिन सबेरे ७ बजे से वीरगंज स्थित घडिअर्वा पोखरी परिसर मे अनेकन विशेषज्ञ चिकित्सकद्वारा शिविर होखे लागल बा ।
बालरोग विशेषज्ञ डा. आनन्द कुमार झा, जेनरल फिजिसियन डा. उदयनारायण सिँह, स्त्री रोग विशेषज्ञ डा. निलम चौरसिया, हाडजोर्नी रोग विशेषज्ञ डा. दिलिप चौरसिया लगायत के १८ जने विशेषज्ञ चिकित्सकद्वारा शिविर मे परिक्षण करेके आयोजक कमिटी जनवले बा ।
वीरगंज मे पहिलका बेर एतना बेसी चिकित्सकलोग के उपस्थिती मे शिविर होखे लागल आयोजक के दाबी बा ।
शिविर मे निःशुल्क लैब परिक्षण के भी सुविधा रहल बा । आँखा, दाँत, छाला, नशा, हाडजोर्नी लगायत के बेमारीसब के परिक्षण कईला के साथे दवाई भी बाँटेके जनावल गईल बा ।
सभी बेमारी के एके जगहा मे चेकजाच करेवाला भईला से शिविर मे सहभागी होके मौका के फायदा उठावे खातिर भी आयोजक सभी जनसमुदाय के निहोरा कईले बा ।




