कान्ति देवी के हत्या मे आशंका लागल ६ जने के पकड के अनुसन्धान सुरु

प्रभु यादव

बारा २८ माघ

बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर १ के ४८ बरीस के कान्ति देवी के हत्या मे आशंका लागल ६ जने के प्रहरी नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान सुरू कईले बा ।

कान्ति देवी के हत्या मे आशंका लागल ६ जने मर्दाना लोग के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कईल जारहल बारा के प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी । शंका लागल घर के नजदीक रहल पडोसी के नियन्त्रण लेके अनुसन्धान कईल जारहल प्रहरी नायब उपरीक्षक मिश्र जानकारी करावले बानी । अनुसन्धान करे के शिलशिला मे शंका लागल लोग के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान कईल जारहल बा, प्रहरी प्रवक्ता मिश्र कहत जलदिही हत्यारा के पता लागेके जनकारी करावले बानी ।

एतवार के रात मे कान्ति के अज्ञात समूह धार भईल हथियार चला के हत्या कईले रहे । हत्यारा मुड मे गाल मे धार भईल हथियार चला के हत्या कईल प्रहरी के पहिलका अनुसन्धान से खुलल जनकारी करावले रहल ।

मृतक कन्ती के लडका आ लडकी पढेके खातिर काठमाण्डु रहल रहे अउरी मालिक बैजनाथ कुशवाहा घर से निकल के गांव मे गईल समय मे अज्ञात आदमी हत्या कर के मार देहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।