वीरगंज से कटुवा पेस्तोल सहित युवक पकडईलें

वीरगंज ३० माघ

पर्सा से पुलीस हथियार सहित एक युवक के पकडले बा । पुलीस वीरगंज महानगरपालिका– २५ सिर्सिया रहेवाला २४ बरीस के रामा साह कहेवाला उपेन्द्र साह के पकडले बा ।

कटुवा पेस्तोल सहित उनका के बियफे के रात पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।

उ बिआर ५ एएफ ४६४७ नम्बर के मोटसाइकल मे भारत से नेपाल ओरी आरहल अवस्था मे शंका लाग के पुलीस चेकजाँच कईले रहे । उनका के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राख के आउर अनुसन्धान सुरु कईल प्रहरी नायब उपरीक्षक कुँवर बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।