उच्चस्तरीय छानबिन आयोग गठन करे खातिर तइयार भईला पर गतिरोध अन्त्य होखी : महासचिव पोखरेल

वीरगंज ०१ भादो
नेकपा (एमाले) के महासचिव शङ्कर पोखरेल सोना तस्करी प्रकरण लगायत के भ्रष्टाचार मे छानबिन करे खातिर उच्चस्तरीय आयोग गठन करे खातिर सरकार तईयार भईला पर सदन के गतिरोध अन्त्य होखेके बतवले बानी ।
प्रेस चौतारी पर्सा से आजु वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे महासचिव पोखरेल सोना तस्करी प्रकरण लगायत के विषय मे छानबिन के खातिर आयोग गठन करे खातिर सत्तापक्ष तईयार ना भईला से सदन के अवरुद्ध जारी रहल उनकर कहनाम रहे ।
“हमनी कउनो जटिल भा मुस्किल माग रखले नईखी”, कहत उ, “उच्चस्तरीय छानबिन आयोग बनावे के कहल गईल बा, प्रतिपक्ष के समान्य बात भी सुनेके ना चाहला से अईसन परिस्थिति सृजना भईल बा ।” खुदसब से उठावल जायज माग सम्बोधन करे खातिर तइयार भईला पर संसद् सञ्चालन होखेके उनकर कहनाम रहे ।
राज्य के सुरक्षा निकाय उपर खुदसब के कउनो आशङ्का ना रहल उल्लेख करत महासचिव पोखरेल सोना तस्करी प्रकरण मे सत्तापक्ष के कैयन बडका नेतालोग पडला से घटना के स्वच्छ आ निष्पक्ष छानबिन होखेमे आशङ्का खडा भईला से उच्चस्तरीय छानबिन आयोग गठन करेके माग कईल स्पष्ट कईनी ।
दोषी ना छुटस आ निर्दाेष ना फँसस कहके आपन पार्टी के मान्यता रहल बतावत बहुते मात्रा मे आईल सोना बारेमे सरकार से स्वच्छ, निष्पक्ष छानबिन करे देवेके बात मे उ जोड देहनी ।
संसद् मे प्रतिपक्ष के बात सुनेके ना चाहल, बोले ना देवेके आ बात उठावे मे भी बन्देज लगावेके जईसन काम कर रहला से संसद् अवरुद्ध करेके परल स्पष्ट करत महासचिव पोखरेल सत्तापक्ष प्रतिपक्ष के अदृश्य रूप मे घेराबन्दी मे पारत आईल आरोप लगवनी ।
देश मे बरियार राजनीतिक शक्ति के जरुरत रहल बतात उ बरियार राजनीतिक शक्ति निर्माण के खातिर नेकपा एमाले ‘मिसन २०८४’ अभियान सञ्चालन करके बरियार राजनीतिक शक्ति निर्माण मे अगाडि बढल बतवनी । पत्रकार सम्मेलन मे एमाले सचिव तथा मधेस प्रदेश इञ्चार्ज योगेश भट्टराई, एमाले नेत्री तथा पूर्वमन्त्री ज्वालाकुमारी साह, सांसदलोग राजकुमार गुप्ता, अच्युत प्रसाद मैनाली, प्रभु हजरा, नेकपा एमाले पर्सा के संयोजक डा. बिशम्भर शर्मा, प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के अध्यक्ष श्याम बञ्जारा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






