नेपाल ईन्डो नक आउट टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के उपाधि पटना के मिलल

प्रभु यादव
बारा ०१ फागुन
बारा के प्रसौनि गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ चटीया खेल मैदान मे सँचालन भईल टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट मे एक सय एक रन से पटना क्रिकेट क्लव फाईनल खेल जित लेहले बा ।
नेपाल ईन्डो होस्पिटल टि–२० खेल के फाईनल शनिबार के पटना क्रिकेट कल्ब आ मकवानपुर क्रिकेट क्लब बिच भईल रहे । पटना क्रिकेट कल्ब टस जित के बयाटिङ्ग कईले रहनी । ।
२० ओभर के खेल मे पटना क्रिकेट क्लब पटना बिहार सभे ओभर समाप्त कर के एक सय ८४ रन बनावले रहल । जवना मे सुर्दशन साह ५१ रन के सफलता दिलवले रहल । एक सय ८५ रन के लक्ष्य लेके फिल्ड मे उतरल मकवानपुर क्रिकेट क्लब १४ ओभर २ बल मे सभे बिकेट गवाके ८३ रन मातर बनावे सफल भईल रहल ।
म्यान अफ दि म्याज पटना क्रिकेट क्लब बिहार के म्याक कुमार के प्रदान कईल गईल रहल । कुमार ४४ रन ३ बिकेट लेवे मे सफल भईल रहल । म्यान अफ द सिरिज आ म्यान अफ द ब्याट्स मैन के उपाधि पटना क्रिकेट क्लब के म्याक कुमार के प्रदान कईले रहल । कुमार सम्पुर्ण खेल मे एक सय १० रन बनावले रहलन । म्यान अफ द बल मकवानपुर क्रिकेट कल्ब के रिजन ढकाल के सम्पुर्ण खेल मे ८ बिकेट लेहल उपाधि हासिल कर के सफल रहल रहलन ।
नेपाल ईन्डो नकआउट टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल के प्रथम भईल प्रमुख पुर्ब सभासद लालबाबु सिँह पटना क्रिकेट कल्ब के प्रदान कईले रहलन । बिशेष अतिथि नेपाल ईन्डो होस्पिटल के सँचालक चन्द्र शेखर दुसरका कप मकवानपुर क्रिकेट क्लब के प्रदान कईले रहनी ।
११ स्टार क्रिकेट क्लब प्रसौनि बारा के आयोजना आ नेपाल ईण्डो हस्पीटल आ बाणिज्य बैक लि. प्रदेशिक कर्यालय विरंगज के आर्थिक सहयोग मे खेल भईल आयोजक क्लव के अध्यक्ष अतिन्दं राउत जनकारी करावले रहनी ।





