भोजपुरीया माटी के सञ्चालन करे खातिर समिति बनल

प्रभु यादव

बारा ०९ कुवार

बारा जिल्ला से प्रकाशित होते आईल भोजपुरीया माटी साहित्य पत्रिका के सञ्चालन करे खातिर समिति गठन कईल गईल बा । सम्पादक मे रामप्रसाद साह सहित सात सदस्यीय समिति बनल बा । उप–सम्पादक मे सुरेन्द्र गिरी, वारिष्ट सहजोगी रामधारी यादव, सहजोगी रघुनाथ यादव, अतिरिक्त लेखा धनिलाल साह, सदस्य रविन्द्र प्रसाद साह आ प्रभु यादव रहल बानी ।

ओईसही भोजपुरी भाषा के संरक्षण के खातिर नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के बईठक गोपाल सेवा समिति बारा शाखा के प्राङ्गण मे बईठ के निर्णय सब करत सम्पन्न भईल बा । बईठक से स्थानीय, प्रदेश आ केन्द्रीय कर के तिनु तह से दबावल जारहल भोजपुरी भाषा के संरक्षण तथा संवद्र्धन करेला आ जनगणना २०७८ मे भोजपुरी भाषाभाषी के सहि तथ्याङ्क देवेला पहल करे खातिर बईठक से निर्णय कईल गईल बा । बईठक प्रतिष्ठान बारा के अध्यक्ष रामप्रसाद साह के अध्यक्षता मे भईल रहे ।

बईठक से बारा मे बृहत भोजपुरी साहित्यिक गोष्ठी सम्पन्न करे के, जिल्ला भर मे रहल विद्यालय मे प्राथमिक तह मे अनिवार्य भोजपुरी पाठ्यपुस्तक लागु करेला एक विद्यालय एक भोजपुरी शिक्षक नियुक्ति करावे खातिर सम्बन्धित पालिका, प्रदेश आ संघिय सरकार से पहल करे के भोजपुरी भाषा मे देखल गईल अस्लिलता गिता आ बाजा बजावल के खातिर सम्बन्धित सभे निकाय के ध्यानार्कषण करावे खातिर ध्यानकर्षण पत्र बुझावाला लगायत के निर्णय सब करत सम्पन्न भईल बा ।

बईठक मे प्रतिष्ठान बारा के उपाध्यक्ष जंगबहादुर यादव, सदस्य लोग रघुनाथ यादव, रमेश कुशवाहा, आमन्त्रित धनिलाल साह, अरुण ओझा, महन्थ ठाकुर, रामनाथ यादव, सञ्चारकर्मी अनिल कुमार गौरव, साजिर मंसुर, रबिन्द्र प्रसाद साह लगायत के सहभागिता रहल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।