सामाजिक संजाल से ठगी करेवाला पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०७ माघ

सामाजिक संजाल इमो, ह्वाटसएप समेत से ठगी करेवाला गिरोह के एक जने के बारा पुलिस पकडले बा ।

बारा के महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नं.३ के दिपेन्द्र प्रसाद जयसवाल के फोन कर के २५ लाख चिठ्ठा परल कह के उ रकम प्राप्त करेला अग्रिम एक लाख ७५ हजार जम्मा करे के परी ओकरा वाद चिठ्ठा के पईसा मिलि प्रलोभन देखा के रकम ठगी कर के भागल एक जने के प्रहरी पकडल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

ठगी गिरोह मे संलग्न मध्ये के बारा के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.४ बंजरिया टोल के वरीस २७ के भोला महतो के मगर के दिन प्रहरी पकडले बा ।

समाजिक संजाल से ठगी करेवाला महतो के ठगी मुद्दा शीर्षक मे सम्मानित बारा जिल्ला अदालत से हिरासत मे राखके पहिलका बेर ७ (सात) दिन म्याद अनुमति लेके थप अनुसन्धान के कार्य कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।