७६ बरीस के बुढ के जबरजस्ती करणी कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा ०३ फागुन
बारा मे ७६ बरीस के बुढ के जबरजस्ती करणी कईल आरोप मे एक जने पकडाईल बाडन । कोल्हवी नगरपालिका–८ रहेवाला ३९ बरीस के दलबहादुर लामा पकडाईल बाडन ।
दलबहादुर बुढ के मकई बारी मे लेजाके एतवार के सबेरे जबरजस्ती करणी कईल अभियोग लागल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता, प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
दलबहादुर विरूद्ध जबरजस्ती करणी मुद्दा मे जिल्ला अदालत बारा से पहिलका बेर ५ दिन के म्याद थप के अनुमति लेके अनुसन्धान काम अगाडि बढावल पुलीस जनवले बा ।






