जनकपुर मे मधेश स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के स्थापना

जनकपुरधाम ५ फागुन

प्रदेश २ के अस्थायी राजधानी जनकपुरधाम मे मधेश स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के स्थापना भईल बा ।

प्रादेशिक अस्पताल परिसर भितर अवस्थित भवन मे स्थापना कईल प्रतिष्ठान के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत आ सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह संयुक्त रुप मे उदघाटन कईले बाडन ।

प्रतिष्ठान के उदघाटन करत मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत प्रष्ठिान के प्रदेश सरकार से प्रादेशिक गौरव के रुप मे अगाडि बढावेके बतवनी ।

प्रदेश मे स्वास्थ्य के हिसाब से जनता के सहज किसिम से सभी बेमारी के ईलाज इहे अस्पताल भितर करेके बरीसो के आकांक्षा के पूरा करे खातिर स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान सहजोग करेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

प्रदेश के स्वास्थ्य इतिहास मे प्रदेश सरकार से कईल सबसे महत्वपूर्ण काम के लिस्ट मे मधेश स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान रहल कहत उ ई स्थापना तक सहजोग पुगावेके प्रदेश सरकार के सभी मन्त्रीलोग, प्रदेश सभा के सभामुख लगायत सभी राजनीतिक दल के नेतालोग के भूमिका महत्वपूर्ण भईल बतवनी ।

सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह मन्त्री बनला के बाद आपन पहिलका उद्देश्य इहे रहल आ आजु पूरा भईला मे एकदमे खुसी लागल बतवनी । प्रदेश के जनता के ईलाज प्रदेश मे सम्भव होखो कहके उदेश्य से हि प्रतिष्ठान के स्थापना कईल बतावत उ ई बरीस से एमबीएस के पढाइ सञ्चालन करेके ओरी काम हो रहल बतवनी ।

प्रदेश सरकार एकरा से पहिले १८ माघ मे प्रतिष्ठान के उपकुलपति मे डा. राम केवल साह, रजिस्ट्रार मे डा. विनोद यादव आ रेक्टर मे डा. अंकुर साह के नियुक्त कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।