मौसम मे सुधार आवेमे आउर कुछ दिन लागी : मौसम पूर्वानुमान महाशाखा

काठमाण्डु ११ वैशाख
पश्चिमी वायु आ स्थानीय वायु के प्रभाव से आजु देशभर आंशिक सामान्य बदली रह के बहुते जईसन जगहा मे मेघगर्जन, टाडका, हावाआँधी आ पथल सहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।
पश्चिमी वायु के प्रभाव कायमे रहल आ प्रिमनसुनी गतिविधि सक्रिय भईला से बदली सँगे मेघगर्जन, टाडका, हावाआँधी आ पथल सहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसमविद् मीनकुमार अर्याल जानकारी देहनी ।
अङ्ग्रेजी महिना मार्च, अप्रिल आ मे तक तीन महिना प्रि–मनसुन चलेवाला भईला से देश के पहाडी भूभाग के मौसम दुपहरिया तथा सँझिया के समय मे लगातर प्रभावित होसकता । अभी प्रिमनसुन के साथे पश्चिमी वायु के प्रभाव रहला से बदली सँगे वर्षात हो रहल मौसमविद् के कहनाम बा ।
मौसमविद् अर्यालल के मुताविक नेपाल के पश्चिमी भूभाग से पश्चिमी वायु विकसित होखेके क्रम मे रहला से देशभर के मौसम मे सुधार आवेमे अभी कुछ समय लागी । आजु सबेरे कुछ समय मौसम खुलला पर भी दुपहरिया के बाद देशभर बदली होके वर्षात के सम्भावना रहल बतावल गईल बा ।
महाशाखा से आवेवाला तीन दिन के मौसम पूर्वानुमान बुलेटिन निकाल के वितल कुछ दिन से नेपाल मे रहल पश्चिमी वायु अभी भी सक्रिय होखेके क्रम मे रहला से सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईले बा । अभी देश के पहाडी भूभाग मे सामान्य आ तराई भू–भाग मे आंशिक से सामान्य बदली रहल बा ।
रात के देशभर आंशिक से सामान्य बदली रहके पश्चिमी पहाडी भूभाग के एक–दु जगहा मे आ मध्य आ पूर्वी भूभाग के कुछ जगहा मे मेघगर्जन, टाडका, हावाआँधी आ पथल सहित वर्षात के सम्भावना रहल बा ।
बिहान देश के मध्य आ पूर्वी भूभाग मे सामान्य से पूर्ण बदली रहके मध्य आ पूर्वी भूभाग के कुछ जगहा मे आ पश्चिमी पहाडी भूभाग के एक–दु जगहा मे मेघगर्जन, टाडका, हावाआँधी आ पथल सहित वर्षात के सम्भावना रहल बा । एकरा साथे बिहान पहाडी भूभाग मे हावाआँधी के भी सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।
मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम ११ दशमलव पाँच डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २२ दशमलव सात डिग्री सेल्सियस रहल बा ।
आजु सबसे कम जिरी के न्यूनतम तापक्रम १७ दशमलव छ डिग्री आ सब से बेसी धनगढी के अधिकतम तापक्रम ३४ दशमलव शून्य डिग्री सेल्सियस रहल बा ।






