जिल्ला स्तरिय दलित अगुवा सँगे बतकही कार्जक्रम पुरा
प्रभु यादव
बारा ०७ फागुन
बारा के कलैया मे दलित सशक्तीकरण ऐन कार्यन्वयन के अवस्था, चुनौती आ असर विषय जिल्ला स्तरिय दलित अगुवा संगे बतकही कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
बतकही कार्जक्रम दलित सरोकार मञ्च नेपाल कञ्चनरूप नगरपालिका सप्तरी के आयोजना मे बारा उधोग बाणिज्य संघ बारा के सभा हल मे सम्पन्न भईल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पुर्व मन्त्री कलावती देवी पासवान कानुन बनेला माकिर कार्यन्वयन ना भईला से दलित आ गैरदलित के विच मे झन्झट होत रहेला जनकारी करावले बानी ।
संविधान सभा मे ५२ जने दलित प्रतिनिधि से सहभागी भईल रहलन बनावल नियम के पालना ना होरहल मन्त्री पासवान जनकारी देहनी । होटल आ गेष्टहाउस मे दलित के लईका लईकी काम करहल खाएवाला समान देवेला त खुशी होके खायलन माकीर गाव मे यज्ञ होई त ओमे सहभमगि ना करावलन जवन आपती जनक रहल मन्त्री पासवान जनकारी करावले बानी ।
जनता अवास मे पासवान के हटावल गईल बा जवन आपती जनक रहल मन्त्री पासवान जनकारी करावले बानी । कार्जक्रम दलित सरोकार मञ्च नेपाल के निर्देशक भोला पासवान के अध्यक्षता मे भईल जवना मे नेपाल पत्रकार महासंघ के प्रदेश २ के सदस्य सिकेन्द्र पासवान, अरूणा विश्वकर्मा, संजिव मिश्रा, अनिल वर्मा, श्रीराम पसवान, किसमती राम लगायत के लोग ऐन बनावल बडका बात ना भईल कार्यन्वयन बहुत जरूरी रहल सुझाव देहले रहलन । सावित्री शर्मा के सञ्चालन कार्जक्रम मे कार्यक्रम के उद्देश अध्यक्ष पासवान जानकारी करावले रहनी ।