प्रजातन्त्र दिवस के अववस मे सरसफाई कार्जक्रम पुरा

पोखरिया ०७ फागुन

प्रजातान्त्र दिवस के अवसर मे पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं २ भिखमपुर श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक बिधालय सरसफाई कार्जक्रम कईले बा ।

श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक बिधालय भिखमपुर से आयोजना कईल सरसफाइ कार्जक्रम मे बिद्यालय, गाँव मे रहल मन्दिर आ जानकिटोला मे पुग के बिधार्थीलोग, स्वास्थ्यकर्मी, नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी के साथे बिधालय के शिक्षकलोग से सरसफाइ कईले रहनी ।

बिधार्थीलोग जनचेतना मुलक प्लेकार्ड घर आरीपाछि सफा सुगर राखीं बेमारी से बाँची, हमनी के सुरक्षा के आवरण सफा आ हरिहर पर्यावरण, सरसफाइ समबन्धी जनचेतना मुल्क नारा के साथ जुलुस लेके गाँव तथा जानकिटोल चौक तक परिक्रमा कईले रहलन ।

जानकिटोला चौक मे पुग के दोकानदारलोग से आपन दोकान के अगाडि फुहर ना करेके आ भईल फुहर के ब्यवसथित बनाके राखेके प्रतिबधाता पत्र मे हस्ताक्षर कईले रहलन ।

सरसफाइ कार्जक्रम मे बिद्याललय के प्रधानाध्यापक कुल बहादुर खडका २००७ मे जहानिय सासन के अन्त्त करके प्रजातान्त्र आईल ई दिन के खुशी के दिन रहला से स्वास्थ्य सुरक्षा हि जिवन ह कहके मुल नारा के साथ सरसफाइ कार्जक्रम कईल गईल रहे ।

कार्जक्रम वार्ड अधयक्ष ललन प्रसाद कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे बिधालय के सहायक प्रअ अशोक साह, प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र भिखमपुर के डाक्टर बिकास साह, नारायणसुन्दर मण्डल, दिलिप रौनियार, अनमी प्रिया महासेठ, ईलाका प्रहरी कार्यालय जानकिटोला के प्रमुख बसन्त थापा, सशस्त्र प्रहरी बल भिखमपुर के सशस्त्र प्रहरी नायब निरिक्षक हिरा सिंह, शिक्षक बिनय प्रसाद कुर्मी, रमेश प्रसाद कुर्मी, जगेश्वर प्रसाद तेली, बिजय पटेल, प्रभु प्रसाद पटेल, रामबाबु रौनियार, बेनी बैठा, रामचन्द्र पंडित, ब्रजेश चौहान लगायत बिधालय के विद्यार्थीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।