प्रदेश प्रमुख झा के ओली समर्थित युवा संघ पहिनवलख १०१ किलो के माला

जनकपुरधाम ९ फागुन
प्रदेश २ के प्रमुख मे नियुक्त राजेश झा कार्यभार सम्हारे खातिर अस्थायी राजधानी जनकपुरधाम आईल बाडन ।
एतवार के दिन के जनकपुरधाम आईल उनका के नेकपा केपी ओली समूह के युवालोग विमानस्थल मे स्वागत कईले बाडन । ओली समूह के राष्ट्रिय युवा संघ के उपाध्यक्ष सञ्जीब झा सहित के टोली प्रदेश प्रमुख झा के १ सय १ किलो के माला पहिना के स्वागत कईलन ।
ओली समर्थित युवालोग प्रदेश प्रमुख जिन्दावाद, प्रधानमन्त्री जिन्दावाद नारा लगवले बाडन । सपथ लेवेके समय मे दौरा, सुरुवाल आ टोपी पहिरल झा जनकपुरधाम अईला के बाद कुर्ता, पाइजामा आ गम्छा मे रहनी ।
उनका के प्रदेश सरकार के ओरी से आन्तरिक मामिला तथा कानुन राज्यमन्त्री सरोज कुशवाहा स्वागत के खातिर विमानस्थल गईल रहलन । उ विशिष्ट कक्ष मे झा के स्वागत कईलन ।
एकरा से पहिले तिलक परियार प्रदेश प्रमुख बन के अईला के बाद मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत सहित कुछ मन्त्री खुदे स्वागत के खातिर विमानस्थल पुगल रहलन । प्रदेश सरकार के प्रवक्ता भी रहल आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव झा के स्वागत ना करेके एकरा से पहिले हि बतवले रहलन ।
प्रदेश प्रमुख के रुप मे आईल झा विमानस्थल होत जानकी मन्दिर मे पुग के पूजापाठ कईले बाडन । पूजापाठ के बाद उ आपन निवास जाएके कार्जक्रम रहल बा ।
प्रदेश के प्रमुख तिलक परियार के पदमुक्त करके संघीय सरकार बितल शुक के दिने झा के नियुक्त कईले रहे । एहितरे प्रदेश २ के नवनियुक्त प्रदेशप्रमुख राजेश अहिराज हरेक नागरिक के साझा आ अपनत्व सहित के प्रदेश निर्माण मे खुद से भूमिका निर्वाह करेके बतवनी ।
एतवार के दिने जिम्मेवारी सम्हारे खातिर अस्थायी मुकाम जनकपुरधाम पुगल उ एक सन्देश जारी करत उ मुडि पर देश आ मन मे मधेस राख के जन्मभूमि मे प्रदेश प्रमुख के रुप मे काम सुरु कईल उल्लेख कईले बानी ।
प्रदेश २ भितर रहल विविधिता, संस्कृति के रक्षा, पहिचान के सम्मान, सद्भाव, विश्वास, देशप्रेम, भाइचारा आ नागरिकमैत्री सरकार निर्माण करत जाएके प्रदेश प्रमुख अहिराज उल्लेख कईले बाडन ।
‘देशभक्ति आतिथ्य सत्कार, समृद्ध साँस्कृतिक इतिहास बोकल प्रदेश नं २ मे काम करेके सौभाग्य मिलल बा । विविधता के अवसर के रुप मे लेवेके, अनुशासन, इमान्दारिता आ माटी उपर प्रेम कायम राखत प्रदेश २ के सकारात्मक रुप मे उदाहरणीय बनावेके काम मे बल पुगाएम’ उ कहले बानी ।
प्रदेश प्रमुख अहिराज प्रदेश २ मे सुशासन, सद्भाव, समभाव आ समृद्धि कायम करे करावे खातिर खुद से सहकार्य करेके भी बतवनी ।






