भोजपुरी भाषा जईसन शब्द के भण्डार आउर भाषा मे नइखे : मुख्यमन्त्री राउत

वीरगंज ०९ फागुन
प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी मातृभाषा माई के दूध आ आउर भाषा डेरी के दूध जईसन रहल टिप्पणी कईले बानी ।
भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज से आयोजना कईल बहुभाषिक कवि सम्मेलन एवं शिलान्यास कार्जक्रम मे उ मातृभाषा जईसन आनन्द आउर भाषा बोलला पर ना आवेके बतवनी ।
‘भोजपुरी भाषा मे जईसन शब्द के भण्डार आउर भाषा मे नइखे, कैयन भोजपुरी शब्द आउर भाषा मे उल्था कईल ना जा सकता । सँस्कृति, व्याकरण, कला आ साहित्य बा । भोजपुरी, मैथिली, अवधी भाषा राज्य के प्राथमिकता मे कभो ना पडल’ मुख्यमन्त्री राउत कहनी ‘राज्य से त भोजपुरी भाषा, साहित्य, कला सँस्कृति के कईसे अगाडि बढावे के ना सोंचलन, हमनी भी महत्व ना देहनी ।’
कउनो समुदाय के इतिहास मेटावेके बा त भाषा सँस्कृति आ कला के खत्तम करत आईल बतावत उ नेपाल मे भी नेपाली भाषा के बाहेक आउर भाषा उपर राज्य के दृष्टिकोण ठीक ना रहल बतवनी । उ प्रदेश मे बोलेवाला सभी भाषा, सँस्कृति, कला साहित्य के संरक्षण के खातिर स्थायी संरचना बनावेके आ वीरगंज मे भोजपुरी साहित्य के भीष्म पितामह के रुप मे परिचित पण्डित दीपनारायण मिश्र के सालिक बनावे मे सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
भौतिक पूर्वाधार मन्त्री जितेन्द्र सोनल आपन भाषा मे कृति लिख के प्रसिद्ध साहित्यकारलोग विश्वमञ्च मे परिचित भईल बतावत हिनताबोध से उपर उठ के राष्ट्रिय, अन्तर्राष्ट्रिय मञ्च मे भोजपुरी भाष मे हि आपन एजेन्डा राखेके बात मे जोड देहनी ।
जसपा के नेता लक्ष्मणलाल कर्ण नेपाली भाषीलोग शासन सत्ता मे रह के भोजपुरी के दवाके राखल बतवनी । दोसर नेता प्रदीप यादव भोजपुरी गीत संगित मे देखल गईल विकृति रोकेके बतवनी ।
महानगरपालिका प्रतिष्ठान के खातिर ५० लाख दि
वीरगंज महानगरपालिका भोजपुरी प्रतिष्ठान के खातिर ५० लाख रोपेया छुटयवले बा । महानगरपालिका हि भोजपुरी साहित्यकार उमाशंकर द्विवेदी संयोजकत्व के ९ सदस्यीय भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज गठन कईले रहे । ओकरा खातिर वीरगंज महानगरपालिका ‘भोजपुरी प्रतिष्ठान ऐन’ हि जारी कईले बा ।
भोजपुरी भाषा के सर्व स्वीकार्य, कामकाजी भाषा बनावेके, विद्यालय मे पठनपाठन करावेके तथा कला, भाषा साहित्य के सम्वर्द्धन मे प्रतिष्ठान से काम करेके महानगर के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी बतवनी ।
प्रतिष्ठान के खातिर डीपीआर अन्तिम चरण मे रहल बतावत उ सभी के सहजोग से प्रतिष्ठान के अगाडि बढावेके आश्वासन देहनी । भोजपुरी साहित्यकार पण्डित मिश्र के स्मृति मे १ लाख नगद सहित के अन्तर्राष्ट्रिय पुरस्कार के भी एतवार के दिने घोषणा कईल गईल बा ।
प्रतिष्ठान के अध्यक्ष द्विवेदीले हिन्दी, नेपाली भन्दा भोजपुरी भाषा बहुते पुराना भाषा भईल बतवनी । कविरदास से भोजपुरी मे कविता लिख रहल बतावत उ नेपाल मे नेपाली के स्थापित करे खातिर राज्य से भोजपुरी, मैथली आ अवधी भाषा के दवाके राखल बतवनी ।
प्रतिष्ठान के खातिर वीरगंज महानगर वार्ड नं ८ रेल्वे रोड मे १ हजार वर्ग फिट के जमिन उपलब्ध करवले बा । जउना मे प्रतिष्ठान के तीन तले भवन बनावे लागल बा ।
भवन के भुइँ तला व्यवसायिक प्रयोजन मे भाडा मे लगावेके, पहिलका तल्ला मे आधा भाग मे प्रतिष्ठान के पदाधिकारी कक्ष, अनेकन विभाग आ बईठक हल, दुसरका तला मे ३ हजार ४ सय वर्गफिट के हल आ तिसरका तला मे नाट्य, संगीत, कला सम्बन्धित संरचना रहल डीपीआर तईयार हो रहल प्रतिष्ठान के सदस्य रितेश त्रिपाठी जानकारी देहनी ।






