२५ लाख ३५ हजार रोपेया सहित दु जने भारतीय पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १३ फागुन

स्रोत ना खुलल २५ लाख ३५ हजार रोपेया सहित दु जने भारतीय नागरिक के पुलीस पकडले बा ।

बुधवार के दिन दुपहरिया के करिब ११ः३० बजे के समय मे बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं.८ बरेवा मे कलैया–मटिअर्वा सडक खण्ड से प्रहरी गस्तीटोली पकडले बा कहके प्र.नि. सुरेन्द्र यादव जनकारी करावले बानी ।

प्रहरी कार्यालय से खटल प्रहरी गस्ती टोली द्यच्–ण्छ–प्–ण्ठढड नम्बर के भारतीय मोटरसाइकल उपर शंका लगला से चेकजाँच करे के क्रम मे मोटरसाईकल चालक भारत बिहार पूर्वी चम्पारण ग्राम पञ्चायत नरकटिया वडा नं.७ टोल नरकटिया के बरीस ३५ के चंद्र शेखर प्रसाद आ मोटरसाइकल मे पछाडी सवार वरीस ३८ के संजय कुमार के शरीर अउरी मोटरसाइकल के डिक्की समेत मे लुका छिपा के राखल अवस्था मे नेपाली रोपेया एक हजार दर के एक हजार सात सय ७२ थान के रोपेया १७ लाख ७२ हजार आ नेपाली रोपेया पाँच सय के दर के एक हजार पाँच सय २६ थान के सात लाख ६३ हजार कर के जम्मा नेपाली रोपैया .२५ लाख ३५ हजार भेटाईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

पकडाइ दुनु जने से रकम सम्बन्ध मे सोधपुछ कईला पर कवनो स्रोत नखुलला से रोपेया आ ओसारपसार करेमे प्रयोग कईल मो.सा. सहित पकडाई लोग के कार्यालय मे राख के थप अनुसन्धान कईल जारहल प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।