किशोरी वियाह कईल अभियोग मे दुलाहा पकडईलें

वीरगंज १५ फागुन
किशोरी सँगे वियाह कईल अभियोग मे पुलीस दुलहा आ उनकर बाबु के पकड के सार्वजनिक कईल बा । वीरगंज महानगरपालिका–१६ लक्ष्मीनारायण टोल के १७ बरीस के किशोरी सँगे वियाह कईल अभियोग मे पुलीस काल्हु शुक के दिने उहे जगहा मे १९ बरीस के दुलहा आ उनकर बाबु के पकड के आजु सार्वजनिक कईल बा ।
लक्ष्मीनारायण टोल मे वियाह हो रहल सूचना के आधार मे किशोरी के घर मे पुग के पुछपाछ कईला पर नेपाल सरकार से निर्धारण कईल उम्मेर से कम उमिर के किशोरी के वियाह भईल मिलला के बाद बालवियाह सम्बन्धी कसुर मुद्दा मे अनुसन्धान के खातिर दुलहा आ उनकर बाबु के नियन्त्रण मे लेहल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के सूचना अधिकारी प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुँवर जानकारी देहनी ।
उनका के नियन्त्रण मे लेहल दुलहा आ उनकर बाबु के शुक के दिने हि पर्सा जिल्ला अदालत मे उपस्थित कराके बाल वियाह सम्बन्धी कसुर मे अनुसन्धान के खातिर पुलीस सात दिन के म्याद बुझल बतवनी ।
मुद्दा अनुसन्धान के समय मे रहला से पकडाईल बाबु, बेटा के नाम सार्वजनिक ना कईल सूचना अधिकारी कुँवर जानकारी देहनी ।
पकडाईल दुनु जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राख के जरुरी अनुसन्धान हो रहल बा । मुलुकी अपराध संहिता मे वियाह करेवाला आदमी के उमिर २० बरीस ना पुगके केहु बियाह करेके भा करावेके ना होखी कहके उल्लेख बा ।
ओईसे कईल वियाह स्वतः रद्द होखेके आ ओईसन कसूर करेके आदमी के तीन बरीस तक कैद आ रु ३० हजार तक जरिवाना होखेके कानूनी व्यवस्था बा ।





