विद्यालय क्षेत्र विकास तथा बृहत् सुरक्षा योजना न्युन्तम प्याकेज सम्बन्धि एक दिने बतकही कार्जक्रम

प्रभु यादव

बारा १६ फागुन

बारा के जितपूर सिमरा उपमहानगरपालिका मे श्री नमुना मा.बि. सिमरा के सभाकक्ष मे बिद्यालय क्षेत्र बिकास तथा बृहत बिद्यालय सुरक्षा योजना न्युन्तम प्याकेज सम्वन्धि एक दिने बतकही कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।

जनजागरण युवा क्लब कलैया आ भि यस ओ नेपाल के साझेदारी मे संचालन कईल गईल प्ररम्भिक शिक्षा गुणस्तर सुधार परियोजना अन्तर्गत जितपुर सिमरा उप महानगरपालिका के पाँच गो बिद्यालय सब कार्जक्रम सञ्चालन करे के कार्जक्रम संयोजक मनोज यादव जनकारी करावले बानी ।

श्री नेपाल राष्ट्रिय नमुना माध्यमिक विद्यालय सिमरा, माध्यमिक विद्यालय पथलैया, जनता माध्यमिक विद्यालय राजघटा, नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय डुमरवाना आ श्री सरस्वती माध्यमिक विद्यालय इनर्वासिरा मे परियोजना संचालन रहल यादव जनकारी करावले बानी । बिद्यालय क्षेत्र बिकास योजना सम्बन्धि बतकही कार्जक्रम मे पाँचु बिद्यालय के प्रधानध्यापक सब बार्ड अध्यक्ष तथा बिद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष आ सदस्य सब लोग के उपस्थिति रहल रहे ।

कार्जक्रम मे जितपूरसिमरा उपमहानगरपालिका के शिक्षा तथा खेलकुद बिकास शाखा प्रमुख शिवजी साह बिद्यालय क्षेत्र बिकास योजना के बहुत समय तक बिकास के लक्ष्य सब के कईसे योगदान कईल जाई आ बिधालय मे कईसन कईसन क्रियाकलाप कईला से बिद्यालय के गुणस्तर बढावे सकल जाएके आ गुरुयोजना नेपाल सरकार से लागु कईला पर लेहल उदश्य आ ओकर अपेक्षा कईल गईल प्रतिफल सम्वन्धि प्रतुतिकरण कईले रहनी ।

जन जागरण युवा क्लब, बारा के कार्यक्रम प्रबन्धक मनोज यादव, बृहत बिद्यालय सुरक्षा योजना न्युन्तम प्याकेज के अवधारण, जवना के बिद्यालय स्तर मे शिक्षक, बिद्यार्थी के सुरक्षा के खातिर अपनावेके परेवाला न्युन्तम उपाय सब आ ओकरा के बिद्यालय स्तर मे कईसे लागु करे सकल जाई बिषय मे प्रस्तुतिकरण कईले रहनी । कार्यक्रम मे क्लब के कार्जक्रम प्रवन्धक श्रीनिवास बैठा समेत के उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।