सिटामोल किने खातिर १२ किलो मिटर पैदल चलेमे सिकारिवास के जनता बाध्य

मेघराज राय

जिराभवानी १७ फागुन

पर्सा जिल्ला के एगो अईसन जगहा बा जहाँ के स्थानिय बासिन्दालोग के समान्य दवाई सिटामोल किने खातिर भी १२ किलो मिटर पैदल चलेके बाध्यता रहल बा ।

उ गाँव पर्सा जिल्ला के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ के सिकारी बाँस ह । जिल्ला के सादरमुकाम वीरगंज से करिब ६५ किलो मीटर दुर आ बीरगंज ठोरी सडकखण्ड से ६ किमी जंगल भितर पर्सा राष्ट्रीय निकुञ्ज आ चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के दोसाध मे ई गाँव अवस्तिथ रहल बा । ई गाँव मे ४५ घरधुरी आदिबासी जनजाति थारु समुदाय के बसोबास रहल बा ।

उ गाँव के स्थानिय बासिन्दालोग राज्य से मिलेवाला स्वास्थ्य सेवा से अभी तक बञ्चित रहल सिकाईत कईले बाडन । स्थानिय राजिन्द्र चौधरी के मुताविक बोखार, सरदी खोकी, पेटझरी जईसन समान्य बेमारी के दवाई किने खातिर १२ किलो मिटर दुर रहल स्वास्थ्य चौकी बिजयबस्ती पुगेके पडल बतवनी ।

रास्ता के सुबिधा ना भईला के चलते पैदल जाके दवाई लियावे खातिर आधा दिन लाग रहल आ उ समय मे मरेजी के स्वास्थ्य आउर बिगडेके अवस्था रहल चौधरी के कहनाम बा ।

कभोकाल मरेजी के अवस्था नाजुक भईल समय ढोडसंग से बास मे कपडा बान्हके कपडा मे मरेजी राख के दु ओरी से लाद के स्थास्थ्य चौकी तक लेजाईल जाला कहके सोना देवी थरुनी बतवनी ।

उनका मुताविक गर्भवती जनानी के सुत्केरी करावे खातिर दिन के भईला पर भी स्वास्थ्य संस्था मे लेजाएके प्रयास कईला पर भी रात के समय मे भगवान भरोसा छोडल जाएके बतवनी । सुत्केरी करईला पर माई आ बच्चा सकुशल भईला पर हमनी के अंश आ मृत्यु भईला पर भगवान के अंश रहल बात स्वीकारत एक आपस मे दुःख बाटरहल फेकनी देवी थरुनी बतवनी ।

एहितरे छोटा छोटा लईकालइकीसब के मासिक लगावेवाला खोप से कैयन लईकालइकी बञ्चित होत आईल थरुनी बतवनी ।

जनता के हक अधिकार सुनिश्चित करेके कहके कैयन जन आन्दोलन करके राज्य प्रजातन्त्र से लोकतन्त्र आ अअभी गाँव घर मे सिहदरबार के घोषणा कईला पर भी इहा के जनता के स्वास्थ्य सम्बन्धी अधिकार के आ कहिया दि ? कहके स्थानीय हुलासी चौधरी सवाल करत चुनाव आईल दिन से अनेकन पार्टी के नेता कार्यकर्ता लोग हमनी के गाँव मे आवेलन आ अनेकन लोभ प्रलोभन देखाके भोट मांगेलन माकिर जित के गईला पर बिकास के बात छोडि मुह देखावे भी ना आवेलन कहके स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।