६६ वाँ मुखलाल स्मृति दिवस मनावल गईल

प्रभु यादव

बारा १६ माघ

बारा के करैयामाई गाँवपालिका के वार्ड नम्बर ८ के नरही मे ६६ वां मुखलाल स्मृति दिवस मनावल गईल बा ।

सहिद दिवस के अवसर मे नेकपा प्रचण्ड–माधव समुह एक कार्जक्रम कर के मुखलाल महतो के ६६ वाँ स्मृति दिवस मनवले बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जेष्ठ कम्युनिस्ट पलट चौधरी नेपाल मे जनता के अधिकार खातिर किसान आन्दोलन मे मुखलाल महतो सहिद भईल रहनी उनकर जीवन के बारे मे जनकारी करावले रहनी ।

कार्जक्रम मे बिशिस्ट अतिथि गोपाल ठाकुर, दिनेश राई, अतिथी पुर्षोतम पौडेल, क्षेत्र बहादुर श्रेष्ठ(अनिल), तपेसवर चौधरी, जयराम दाहाल, प्रेम बराल लगायत के लोग देश मे बदलाव लियावेला सहिद लोग के योगदान रहल जवना के सरहना कईले रहलन ।

कार्जक्रम मुखलाल महतो सहिद भईल रहनी जवना जगह मे भईल रहे । कार्जक्रम के संचालन मनोज पौडेल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।