जनता आवास कार्जक्रम मे अनियमित्ता भईल स्थानीय के आरोप

मेवालाल यादव

रौतहट २१ फागुन

जनता आवास कार्जक्रम मे अनियमित्ता भईल स्थानीय आरोप लगवले बाडन । रौतहट जिल्ला के वृन्दावन नगरपालिका क्षेत्र मे २२ गो दलित वर्ग के घर बने लागल बा ।

वृन्दावन नगरपालिका वार्ड नम्बर ८ आकर पाथर टोल मे जनता आवास कार्जक्रम अन्तर्गत २२ गो दलित परिवार के घर बनावे के कहला पर भी २ गो घर निर्माण काम जारी रहल बा ।

२ गो घर नियम विपरीत बने लागल घर धनि से सिकाईत राखत आईल सार्वजनिक भईला पर भी सम्बन्धित निकाय मौनता देखवले बा । घर धनि के जानकारी ना देके उपभोक्ता समिति बनल आ समिति नामावली बेर बेर माग कईला पर भी ना देहल धर धनि बतवले बाडन ।

घर निर्माण काम अनुमानित लागत सहित के होर्डिङ बोर्ड भी रखले नईखन । उ वार्ड निवासी जयराम माझी उर्फ समत माझी आ फुल पतिया देवी माझी के घर निर्माण काम होत बा, जउना मे नियम विपरीत जक (फाउन्डेसन) निर्माण काम कईल जनावल गईल बा । कमति मे २ से ३ फिट तक फाउन्डेसन देवेके चाहिं माकिर तीन ईन्च जमिन के निचे से फाउन्डेसन देरहल तस्वीर से प्रष्ट देखल गईल बा ।

बालु, गिट्टी गुणस्तर हिन सामान सहित के निर्माणकाम कईल स्थानीय राधेश्याम प्रसाद श्रीवास्तव बतवनी ।

जनता आवास कार्जक्रम के मुख्य उदेश्य खुल्ला आकाश के निचे रहत आईल लोग के घर मे रहेके व्यवस्था करेके माकिर जनता आवास कार्जक्रम के कर्मचारीलोग उ उदेश्य के विपरीत काम के बढावा देत आईल बाडन । तीन इन्च जमिन के निचे से फाउन्डेसन देके घर निर्माण करत आईल बा ।

एकरा से आकाश के निचे बईठल ठिक रहल जयराम माझी बतवनी । आँधी अईला पर घर गिरेके सम्भावना रहल बा । रौतहट जिल्ला मे ११७५ घर निर्माणकार्य होखेक जनता आवास कार्जक्रम अन्तर्गत रहल बा । करिब ०–०–२.५ धुर मे घर निर्माण होत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।