नेपाल कमर्स एशोसिएसन के पहिलका बईठक पुरा
नेपाल कमर्स एशोसिएसन के पहिलका बईठक पुरा
वीरगंज ०५ फागुन
नेपाल कमर्स एसोसिएसन के पहिलका कार्य समिति बईठक होटल भिस्वा मे बईठके अनेकन निर्णयसब कईले बा ।
एसोसिएसन के अध्यक्ष डा. दिपेन्द्र कुमार चौधरी के सभापतित्व मे बईठल बईठक से संस्था मे संस्थापकलोग से भईल योग्दान रकम तथा आजिवन सदस्यता शुल्क से मिलल रोपेया मेसे ७५ प्रतिशत रोपेया के पुजीकृत कोष मे राखेके आ बाकी चालु शिर्षक मे खर्च करेके भईल बा । एसोसिएसन बिहान से हि नयाँ आजिवन सदस्य तथा साधारण सदस्य बनावे खातिर फारम वितरण कईल सुरु करी । आजिवन सदस्यता लेवेवाला सदस्यलोग एक बेर मात्र दस हजार आजिवन सदस्यता शुल्क तिर के सदस्यता ले सकत बाडन । एहितरे साधारण सदस्यता लेवे चाहेवाला के खातिर पहिलका बरीस दु हजार पाँच सय आ ओकरा बाद हरेक बरीस एक हजार रोपेया नविकरण शुल्क वापत तिरेके पडि ।
एसोसिएसन के सदस्यता लेवे खातिर कम्ति मे कर्मस भा व्यवस्थापन संकाय मे स्नाकोत्तर कईल होखेके चाहिं । एसोसिएसन आपन सदस्यलोग के आरटिकल (आलेख) लिखे खातिर निःशुल्क प्रशिक्षण दि आ कर्मस भा व्यवस्थावन संकाय मे स्नात्तक चउथका बरीस तथा स्नाकोत्तर अध्ययनरत्त बिद्यार्थीलोग के भी कम शुल्क मे प्रशिक्षण देवेके निर्णय कईले बा । एसोसिएसन २०२४ इ.स. भितर वीरगंज मे नेपाल कमर्स एसोसिएसन के प्रथम कन्फ्रेन्स करेके भी निणर्य कईले बा । कन्फ्रेन्स के बाद एसोसिएसन जर्नल (पुस्तक) भी प्रकाशन करी ।
आरटिकल लेख्न प्रशिक्षण तथा कन्फ्रेन्स से कमर्स तथा व्यवस्थापन संकाय के शिक्षक तथा बिद्यार्थीलोग मे शोध करेके क्षमता के विकास होखी । एसोसिएसन मे अध्यक्षमा वीरगंज कलेज के संचालक समिति अध्यक्ष डा. चौधरी, उपाध्यक्ष रा.रा. बहुमुखी क्याम्पस, जनकपुरधाम के (सह–प्रध्यापक) डा.बिनोद साह, सचिव मे डा. आलोक दत्ता (सह–प्रध्यापक, हरि खेतान क्याम्पस, वीरगंज), कोषाध्यक्ष डा. अशोक राज ठाकुर उप–प्रध्यापक, वीरगंज कलेज, वीरगंज) सदस्य डा. सरोज कुमार ठाकुर (सह–प्रध्यापक, राजर्षि जनक विश्वविद्यालय, जनकपुरधाम) सदस्य डा. उदय किशोर तिवारी (उप–प्रध्यापक, त्रिभुवन विश्वविद्यालय, केन्द्रिय विभाग, कीर्तिपुर), सदस्य डा. सन्तोष कुमार कर्ण (सहायक–प्रध्यापक, राजर्षि जनक विश्वविद्यालय, जनकपुरधाम) रहल बाडन ।