कोभिड–१९ बिरुद्ध के खोप सहज रुपमे लगावे खातिर प्रजिअ यादव के निहोरा

मेवालाल यादव
रौतहत २२ फागुन
जिल्ला खोप समन्वय समिति रौतहट के अध्यक्ष एवं प्रमुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्रदेव यादव अध्यक्षता मे कोभिड–१९ रोग विरुद्ध के खोप अभियान सन्चालन सम्बन्धि पत्रकारलोग सँगे बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
जनस्वास्थ्य कार्यालय रौतहट के सभा हल मे आयोजना कईल बतकही कार्जक्रम मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी खोप हमनी के खातिर ह कहके बुझे खातिर सल्लाह देहनी ।
निफिकिर होके कोभिड–१९ कोरोना भ्याक्सिन खोप सभी सर्वसाधारण समेत से प्रयोग करे खातिर कार्जक्रम मार्फत निहोरा कईले रहनी ।
कोभिड –१९ रोग विरुद्ध के खोप अभियान २०७७÷०७८ आ कोभिड –१९ रोग, अभियान सञ्चालन के औचित्य आ प्रक्रिया के बारे मे छलफल कईल गईल रहे । अनुमान कोरोना लागल उमिर करिब ६५ से बेसी के आदमीसब के मधुमेह, ब्लडप्रेसर आदि जईसन बेमारी पहिले से हि रहल होई माकिर खोप लगईला से कउनो साइड इफेक्ट ना रहल बतवनी ।
लक्ष्य ६५ बरीस से बेसी के ५०४३७ भ्याक्सिन प्राप्त ३३०० भायल (३३००० डोज) २ बेर लेवेके पडि । कोभिड –१९ खोप अभियान संचालन २ चरण मे होखी । पहिलका चरण मे २०७७÷११÷२३ गते से २६ गते तक बौधीमाई, फतुवा विजयपुर, मौलापुर, कटहरीया, गुजरा, चन्द्रपुर, गरुडा, वृन्दावन, गढीमाई नगरपालिका के ५० गो स्वास्थ्य चौकी मे खोप शिविर चलेके जनावल गईल बा ।
कोभिड –१९ खोप अभियान संचालन के दुसरका चरण मिति २०७७÷११÷२८ गते से २०७७÷१२÷०२ गते तक परोहा, राजपुर, ईशनाथ, यमुनामाई, दुर्गा भगवती, राजदेवी, गौर, देवाही गोनाही, माधवनारायण पालिका के ४८ स्वास्थ्य चौकी मे खोप शिविर सन्चालन होखी ।
खोप पश्चात होखे सकेवाला अवान्छित घटना सम्बन्धी टिम रहल चन्द्रपुर अस्पताल से देखेके गुजरा न.पा., वृन्दावन न.पा. डा. मो. जहुर राईन (९८२६२१६९०१), मौलापुर से देखेवाला फतुवा विजयपुर न.पा डा. अभिमन्यु रौनियार (९ ८४५४५२९७६), बौधीमाई न.पा. डा . अमरेस यादव (९ ८४५२५४८७५), कटहरीया डा . सन्तोष यादव (९ ८६१८८६९३४ ), गढीमाई से देखेवाला गरुडा डा. नितुरानी स्वर्नकार (जिल्लाको प्रवक्ता अनिल कुमार कर्ण (को , चे.नि.) ९ ८४५०२२१४१ कउनो किसिम से सल्लाह लेवेके पडला पर ई नम्बर मे सम्पर्क कर सकत बानी कहके जनावल गईल बा ।






