बारा के महागढीमाई नगरपालिका से निःशुल्क एम्बुलेन्स सेवा

बारा २५ फागुन,
बारा के महागढीमाई नगरपालिका नगरपालिका भितर के दलित, सुकुम्वासी तथा अति विपन्न परिवार के आदमी सिकिस्त बेमार भईला के बाद ईलाज करावे खातिर काठमाण्डु तक निःशुल्क एम्बुलेन्स उपलब्ध करावे के निर्णय कईले बा ।
स्वास्थ्य क्षेत्र के विकास के प्राथमिकता मे राखत नगरपालिका अईसन निर्णय कईल नगरप्रमुख उपेन्द्रप्रसाद यादव बतवनी । मुटु, मिर्गाैला लगायत के दीर्घरोगी के ईलाज खर्च के खातिर वार्षिक रु २० हजार उपलब्ध करावे के निर्णय कईले बा ।
नगरपालिका भितर सुरक्षित सुत्केरी करावे खातिर चार गो बर्थिङ सेन्टर स्थापना करेके, स्वास्थ्य क्षेत्र के सुधार के खातिर वार्षिक रु ८० लाख उपलब्ध करावत अईला मे आवेवाला आर्थिक बरीस से उ रोपेया बढाके रु एक करोड ५० लाख बजेट छुट्यावे के, कृषि क्षेत्र मे रु एक करोड ५० लाख, पर्यटकीय क्षेत्र के विकास के खातिर शक्तिपिठ गढीमाई मन्दिर, पाटीपौवा, पोखरी सौन्दर्यीकरण के खातिर रु एक करोड ५० लाख रकम विनियोजन करेके योजना रहल नगरप्रमुख यादव बतवनी ।
जम्मा ११ वार्ड रहल उ पालिका मे ६५ हजार जनसङ्ख्या बा । नगरपालिका भितर वातावरण संरक्षण के खातिर चार हजार बोटबिरुवा रोपेके, शौचालय के सरसफाइ के खातिर न्यूनतम मूल्य मे सफाइ मेसिन उपलब्ध करावे के निर्णय भईल बा । वार्ड नं ४ मल्हनी टोल मे रहल बालविकास प्राथमिक विद्यालय विद्यार्थी बिना सञ्चालन मे रहला से विद्यार्थी लियावे खातिर घरदुवरी कार्जक्रम सञ्चालन कईल बा ।
करीब २० बरीस पुराना विद्यालय मे दिवा खाजा कार्जक्रम बन्द कईला से विद्यार्थी अन्यत्र गईला के बाद विद्यार्थीविहीन भईल रहे । उ विद्यालय सम्बन्ध मे ‘विद्यालय बा विद्यार्थी नईखन’ कहके बारेमे समाचार अईला के बाद नगरपालिका घरदुवरी कार्जक्रम सुरु कईल नगरप्रमुख यादव बतवनी ।
विद्यालय के प्रधानाध्यापक शर्मानन्दप्रसाद साह कहनी, “व्यवस्थापन समिति विहीन रहल उ विद्यालय मे घरदुवरी कार्जक्रम सञ्चालन कईला के बाद अभी करीब ५० विद्यार्थी पढे लागल बाडन ।”
विद्यालय मे एक प्रधानाध्यापक, एक बालविकास शिक्षिका आ एक कार्यालय सहजोगी मात्र रहला मे नगरपालिका आउर एक शिक्षक पठावेवाला भईल बा । अभी किलास ३ तक पठनपाठन होखेवाला उ विद्यालय मे अब उप्रान्त किलास ५ तक पठनपाठन होखेके व्यवस्था नगरपालिका करेवाला भईल बा ।






