ग्राण्डी हस्पिटल एण्ड आँखा अस्पताल गरुडा के उदघाटन भईल

मेवालाल यादव

रौतहट २६ फागुन

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत रौतहट ग्राण्डी हस्पिटल एण्ड आँखा अस्पताल गरुडा के उदघाटन कईले बानी ।

मुख्यमन्त्री राउत रौतहट के मध्यभाग मे सञ्चालन मे आईल अस्पताल से मरेजीलोग के भरपर्दो सेवा देवेके बिश्वास ब्यक्त कईनी । स्वास्थ्य क्षेत्र मे पछाडी पडल प्रदेश २ मे स्वास्थ्य संस्थासब मे आमूल परिवर्तन के जरुरत रहल उल्लेख करत मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश सरकार उ रास्ता मे अगाडी बढ चुकल दाबी भी कइनी ।

प्रदेश सरकार सरकारी अस्पतालसब के स्तरोन्नति के खातिर करोडो रोपेया उपलब्ध करईला पर भी अस्पतालसब रोपेया खर्च करे ना सकल दुर्भाग्यपूर्ण रहल बतवनी । गरुडा के नगरप्रमुख ईन्नु राय यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे भुमिब्यवस्था कृषि तथा सहकारी राज्यमन्त्री योगेन्द्र राय यादब, प्रदेश सभा सदस्य अब्दुल कलाम अजाद (फुलबाबु), रौतहट जिल्ला के उपसभापति राम आशिष यादव, बौधिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख राजिव रन्जन यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।