परोहा नगरपालिका मे गरिब असहाय के खाद्यान्न सामान बाँटल गईल

मेवालाल यादव

रौतहट ०१ चईत

रौतहट के परोहा नगरपालिका मे प्लान नेपाल तथा आरडिसि संस्था कोभिड–१९ के मार मे पडल गरीव, विपन्न परिवार के राहत सामान बाँटल गईल बा ।

उहे नगरपालिकाका– ७ आ ८ वाडऱ् मे गरीव, दलित, हिन्दू मुस्लिम लगायत के समुदाय के कोरोना भाइरस के समस्या मे पडल ४१६ घरधुरी के आजु खाद्यान्न सामान बाँटल गईल बा । कोभिड–१९ के रोकथाम, नियन्त्रण के खातिर नेपाल सरकार से घोषणा कईल लकडाउन के चलते कामकाज प्रभावित भईला से गरिव परिवार के भईल समस्या के मध्यनजर करत राहत देहल गईल बा ।

कोरोना भाइरस के संक्रमण से बँचे खातिर अपनावेवाला उपाय के बारे मे जनचेतना फईलावे के काम प्रचार प्रसार परोहा नगरपालिका के ७ से ८ तक के वार्ड मे जारी रहल सामुदायिक परिचालक मन्तजिर रहमान साबुन, माक्स, बालटिन लगायत आउर सामान बाँटल गईल बतवनी । जगहा जगहा मे हाथ धोवे खातिर आरडिसि से बेवास्ता कईल पानी के व्यवस्था भी कईल उल्लेख कइनी ।

परोहा नगरपालिका भितर सरसफाई के विशेष ध्यान देहल जिकिर कइनी । उ व्यक्तिगत सरसफाई आ सामाजिक दुरी कायम कईला पर मात्र संक्रमण से बाँचल जा सकता । सार्वजानिक जगहासब मे भीडभाड़ ना करे खातिर भी आयोजक संस्था निहोरा कईले बा । संचालित चभकष्ष्भिलअभ उगिक उचयवभअत अन्तर्गत परोहा नगरपालिका –४ लौकाहा आ परोहा नगरपालिका मे ४१६ जने के उहे नगरपालिका के स्थानीय पत्रकार इजु रहमान् के अध्यक्षता मे प्रिपेड कार्ड बाँटल गईल ।

हरेक कार्ड मे पहिलका बेर १०२५० के दर से आ लाभग्रहिलोग खुद जरुरी पडल समय किने सकेके जनावल गईल आरडिसि के अध्यक्ष पारस बतवनी । उ राहत वितरण मे १०, २५० रु तक के हरेक आदमी आपन इच्छा मुताविक किराना सामान, कपडा पसल, हार्हवेयर समेत से तोकल दाम बराबर के सम्मान उपभोक्ता से लेवेके स्थानियलोग बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।