बिश्व उपभोक्ता अधिकार दिवस वीरगंज मे भी धुमधाम के साथ मनावल गईल

वीरगंज ०२ चईत

बिश्व उपभोक्ता अधिकार दिवस बीरगंज मे आजु धुमधाम के साथ मनावल गईल रहे ।

हरेक बरीस के मार्च १५ गते के दिन मनावत आईल दिवस प्लास्टिक प्रयोग मे निरुत्साहन, वातावरण संरक्षण मे योगदान कहके मुल नारा के साथ सचेतना अभिवृद्धि कार्जक्रम अन्र्तगत घण्टाघर से निकलल प्रभातफेरी माईस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा पोखरी होत फेनु घन्टाघर मे पुग के कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।

बाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय बीरगंज पर्सा के आयोजना मे भईल सचेतना अभिवृद्धि कार्जक्रम के सम्बोधन करत पर्साका प्रमुख जिल्ला अधिकारी अस्मान तामाङ कानुनी रुप मे वस्तु आ सेवा उपभोग के अधिकार भईल जईसन गुणस्तरिय सेवा आ वस्तु के उपभोग से उपभोक्तालोग बन्चित रहल, उपभोक्ता हित के नियमन करे खातिर राज्य बहुते ईकाईसब भईला पर भी नियमकारी निकायसब बीच के समन्वय के कमी भईल बतवनी । अनुगमन मे समस्या भईला से व्यापारी कृतिम अभाव देखाके बेसी दाम मे बिक्री करेवाला भईला से ओकरा के रोके खातिर स्थानीय सरकार के अधिकार देहला पर भी खासे चासो ना देखावल प्रजिअ तामाङ बतवनी ।

कार्जक्रम मे उपभोक्ता हित संरक्षण मंच नेपाल प्रदेश न.२ के अध्यक्ष केसी लामिछाने उत्पादक, व्यापारी, हमनी सभी उपभोक्ता भईला से नेपाल के संविधान से देहल नैसर्गिक अधिकार भईला से ओकर आधार मे उपभोक्ता से तिरल उचित मुल्य मुताविक के वस्तु, सेवा आ सुबिधा मिलेके बतवनी । एहितरे उपभोक्तालोग भी सचेत भईल जरुरी बा । खुद से किनल वस्तु के लेबल, क्वालिटी, वजन, उत्पादन मिति, ईक्स्पाएर मिति, मुल्य से बेसी लेहले बा, नइखे । बिल बिजक अनिवार्य लेवे खातिर ध्यान देहल जरुरी रहल बतवनी ।

एहितरे सेवा सुबिधा लेवे खातिर सरकारी, गैरसरकारी कार्यालय मे पुगेवाला सेवाग्राही के अनेकन बहाना मे दुःख देरहल ओकरा ओरी ध्यान देवे खातिर प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ध्यानाकर्षण भी करवले रहलन ।

राष्ट्रिय उपभोक्ता मञ्च प्रदेश न.२ के अध्यक्ष रामदेव लाल दास आम उपभोक्ता से प्रयोग करेवाला ग्यास मे बिक्रेता से तौल करके देवेके, ग्यास खरिद कईला पर बिल बिजक ना देवेवाला भईला से आमउपभोक्ता ठगिन पुगला से ओकरा ओरी भी ध्यान देवे खातिर निहोरा कइनी । उपभोक्ता हित मञ्च पर्सा के अध्यक्ष दिना प्रसाद गुप्ता प्लास्टिक झोरा स्वास्थ्य आ वातावरण के खातिर हानिकारक होखेके जानकारी भईला के बाद भी उपभोक्ता प्लास्टिक के झोरा हि प्रयोग कईल नईखन छोडले । बीरगंज के गल्लिसब मे मिठाई, नास्ता, मछरी– मासु दोकानसब खुल्लेआम रुप मे नाला उपर राख के बेंचत आ रहला से ओकरा से बन्द करेके गुप्ता के माग रहल रहनी ।

बाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय बिरगंज पर्सा के निमित्त कार्यालय प्रमुख जित बहादुर भन्डारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन बाणिज्य कार्यालय के सूचना अधिकारी दिलिप खङ्ग कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल, धुर्व गिरि, नेपाल उद्योग बाणिज्य महासंघ के केन्द्रिय सदस्य गोपाल केडिया, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का, सज्जन अग्रवाल, उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च बीरगंज महानगर अध्यक्ष अजित कुमार भुजेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

एहितरे बिश्व उपभोक्ता अधिकार दिवस –२०७७ के उपलक्ष्य मे आजु सँझिया ७ः०० बजे उपभोक्ता हित संरक्षण मंच बिरगंज महानगर अध्यक्ष अजित कुमार भुजेल के अध्यक्षता मे दिप प्रज्वलन कार्जक्रम पुरा भईल बा । कार्जक्रम मे व्यवस्थित बीरगंज अभियान के संयोजक दिलिप कार्की, मानव सेवा आश्रम बीरगंज के दिवेश गुप्ता, ओबिसि पर्सा के अध्यक्ष अकलेस साह, मातृका आई फाउन्डेसन के डा. महेश सिंह धामी लगायत उपभोक्ता अधिकारवादीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।