बितल एक हप्ता से बन मे लागल आगी अभी भी नियन्त्रण आवे ना सकल, सम्बन्धित निकाय मौन

मेघराज राय
जिराभवानी १३ चईत
डिभिजन वन कार्यालय पर्सा आ पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज तथा मध्यवर्ती क्षेत्र अनतर्गत रहल राष्ट्रिय बन तथा सामुदायिक बन क्षेत्र मे बितल एक हप्ता से लागल बन डढेलो तथा आगलागी अभी तक नियन्त्रण मे आवे सकल नइखे । साथे आगी नियन्त्रण मे सम्बन्धित निकाय खासे पहल ना कईल स्थानीयलोग सिकाईत कईले बाडन ।
जिल्ला के सब डिभिजन बन कार्यालय वसन्तपुर, सब डिभिजन बन कार्यालय रङ्पुर, सब डिभिजन कार्यालय बढ्नियार, राष्ट्रिय बन आ पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के महादेव पोष्ट चारभैया पोष्ट, गडुवा लाइन पोस्ट आ निर्मल बस्ती पोष्ट आ पन्चमुखी सामुदायिक बन आ सुनाखरी उपभोक्ता समिती अन्तर्गत रहल बन क्षेत्र मे बितल १ हप्ता से आगलागी जारी रहल बा ।
आगलागी के चलते करोडो मुल्य बराबर के लकडी तथा गाछिसब जरके नोक्सान भईल स्थानीय वासिन्दा बतवले बाडन । आगलागी से निकलल धुवाँ से खास करके जङ्गल से सिमाना जुडल साबिक के गा.बि.स.सब निर्मल बस्ती, सुवर्णपुर, महादेव पटि, सेढ्वा, सङ्कर सरैया, गादी, सुनबर्सा , बिरुवा गुठी लगायत के दर्जनो साबिक गा.बि.स.सब के स्थानीयसब मे आँखा हगुवाएके, आँख लाल होखेके, सबेरे के समय मे धुवाँ से अन्हात होखेके जईसन समस्या देखल गईल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।
माकिर डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के प्रबक्ता एवम सहायक बन अधकृत बशिष्ट नरायण कुर्मी कहनी आगी नियन्त्रण के खातिर खुद के जानकारी मिलल जगहा मे तुरुन्त पुग के नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुलीस, नेपाली सेना आ बन रक्षक के टोलि परिचालन कईल आ बाकी जगहा के भी आगी नियन्त्रण के खातिर जिल्ला से निर्देशन देहल बतवले बानी ।
आगी नियन्त्रण मे अकेले बन कर्मचारी आ पुलीस से मात्र ना होके स्थानीय के भी सहजोग जरुरी रहल बतवनी । एहितरे सुनाखरि उपभोक्ता समिती आ पन्चनुखी सामुदायिक बन मे लागल आगी बुतावे खातिर स्थानीय उपभोक्तालोग अनेकन समिति के सदस्यलोग आ नेपाली सेना के सहजोग मे आगी बुतावे के प्रयास हो रहल आ कैयन जगहा मे नियन्त्रण मे भी आईल सुनाखरी उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष देवि प्रसाद दहाल बतवनी ।






