वीरगंज मे सरकार विरुद्ध प्रदर्शन

वीरगंज २९ जेठ

सरकार कोभिड १९ के संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण व्यवस्थित तरिका से करे ना सकल कहत वीरगंज मे आजु सङ्घीय सरकार विरुद्ध विरोध प्रदर्शन भईल बा ।

सरकार से कर रहल आरडीडी परीक्षण के औचित्य ना देखल गईल, लकडाउन चल रहल समय सरकार के गति चित्त ना बुझल, ८० दिन तक लकडाउन भईला पर भी तेजी से कोरोना भाइरस परीक्षण करे ना सकल, लकडाउन के चलते समस्या मे पडल उद्योगी व्यवसायी के राहत देहला के बदले कर तिरे खातिर उर्दी जारी करके आहात देहल, कोभिड १९ के रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर भईल खर्च के विवरण पारदर्शी बनावे के माग करत प्रदर्शन भईल बा ।

सँझिया ५ बजे वीरगंज के घण्टाघर चोक मे अनेकन संगठन आ सामाजिक संस्था मे आबद्ध सयों के संख्या मे उपस्थित युवालोग हाथ हाथ मे अनेकन नारा अंकित प्लेकार्ड लेके विरोध जनवले रहलन ।

प्लेकार्ड मे लिखल नारा सहित कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण मे सरकार से खर्च कईल दश अरब रोपेया के पारदर्शी विवरण सार्वजनिक करेके, स्वास्थ्य सामान खरिद पारदर्शी होखेके, आरडीटी रोक के पीसीआर टेष्ट करेके, कर तिरे खातिर ताकेता खारेज करेके माग कईले रहलन ।

सरकार कोरोना संक्रमण रोके खातिर चालल कदम प्रभावकारी बने ना सकल कहत बिरोध प्रदर्शन कईल उलोग बतवले बाडन ।

वीरगंज के घण्टाघर चोक मे विरोध कार्जक्रम आयोजना होखेके प्रशासन के खबर मिलला के बाद बहुते मात्रा मे पुलीस खटावल गईल रहे ।

युवालोग के घण्टाघर लगे जम्मा होखे ना देहला के बाद उलोग आदर्शनगर चोक पुग के प्रदर्शन करत महाविर चोक मे पुगला पर पुलीस के अवरोध भईला के बाद प्रदर्शनकारीलोग सडक मे बईठ के कुछ देर विरोध के नारा लगवले रहलन ।

एहितरे प्रदर्शन के रोके खातिर बहुते मात्रा मे खटल पुलीस हस्तक्षेप कईले बा ।

प्रदर्शन के समय प्रदर्शन मे सहभागी हेमन्त तामाङ आ राम किशोर सिंह (पराग) के पुलीस पकड के छोडले बा ।

कोरोना भाइरस के महामारी के समय मे एगो बढिया पीसीआर मेसिन भी सञ्चालन करे ना सकला से प्रदेश सरकार के विरोध मे प्रदर्शन कईल उलोग बतवले बाडन ।

कोरोना महामारी नियन्त्रण मे आउर प्रदेश से प्रदेश नम्बर २ बहुते पछाडि पडल उलोग के बिचार बा । विरोध प्रदर्शन के समय मे मुख्यमन्त्री के पुत्ला भी जरावल उलोग दाबी कईले बाडन ।

प्रदेश सरकार के विरोध मे मुख्य मन्त्री के राजिनामा मागत प्रदर्शन करेके समय मे पुलीस से पकडल दु जने के एक घण्टा के बाद छोडल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।