प्रदेश २ मे ८२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १९ जेठ

प्रदेश २ मे आउर ८२ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण पुष्टि भईल बा । ई सँगे प्रदेश मे संक्रमित के संख्या ६ सय ९५ पुगल बा ।

विपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धरान, राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु आ धुलिखेल अस्पताल मे कईल पीसीआर विधि के परीक्षण मे ८२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

धरान मे कईल परीक्षण मे सप्तरी के राजगढ गाँवपालिका के १२ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

काठमाण्डु राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय मे सिराहा के सूर्यनारायाण मरवैता क्याम्पस क्वारेन्टिन के ५ जने, धनुषा के धनौजी शंकर मावि क्वारेन्टिन के ४ जने, प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे १ जने आ हसंपुर नगरपालिका के २ जने पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे महोत्तरी के लोहरपट्टी नगरपालिका क्वारेन्टिन के २ जने पुरुष, सर्लाही के जनता मावि अगरवा क्वारेन्टिन मे ३२ जने, कविलासी नगरपालिका ४ जने आ हरिपुर नगरपालिका २ जने मे संक्रमण देखल गईल बा । जउना मेसे ३ जने जनानी बाडि ।

धुलिखेल अस्पताल मे कईल परीक्षण मे रौतहट के परोहा नगरपालिका के १४ जने आ यमुनामाई गाँवपालिकास्थित क्वारेन्टिन के ४ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

प्रदेश २ मे ९९ जने संक्रमित ईलाज के बाद ठिक होके घर फिर्ता गईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।